पर्सा मे डेढ लाख के पटाका पुलीस नोक्सान कईलख

वीरगंज १७ कातिक
पर्सा मे पुलीस १ लाख ५० हजार रोपेया बराबर के विष्फोटक पदार्थ नोक्सान कईले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय तथा मातहत के कार्यालय अनेकन समय आ जगहा से बरामद कईल पटाका, भुइँचम्पा, आतिशबाजी आ झुरझुरे नोक्सान कईले बा ।
जिल्ला के अनेकन जगहा से बरामद कईल पटाका, भुइँचम्पा, आतिशबाजी तथा आउर विष्फोटक तथा प्रज्वलनशील पदार्थ कार्यालय मे लियाके नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
रकेट पटाका ३५ प्याकेट, नागिन १ हजार २ सय ५० प्याकेट, फुलझरी ८ सय थान, रकेट फुलझरी १ सय २० प्याकेट, बिडी पटाका ७ बोरा, कोबरा आ बिडी ६ कार्टुन, चकलेट पटाका ४० प्याकेट आ झिरझिरे सय प्याकेट नोक्सान कईल उ बतवनी । एहितरे टेन सट १ सय प्याकेट, सतरंगी आ सेभेन सट्स २०÷२० प्याकेट, स्काई रेड १५ प्याकेट, रंग दे वसन्ती १२ प्याकेट नोक्सान कईल गईल बा ।
पटाका लगायत विष्फोटक आ प्रज्वलनशील पदार्थ पडकावेमे प्रतिबन्ध लगावल गईला पर भी वीरगंज मे खुलेआम बिक्री वितरण हो रहल बा ।






