रौतहट के बौधिमाइ नगरपालिका फुलेफुल के शहर बनी : नगर प्रमुख यादव

मेवालाल यादव

रौतहट २७ माघ

रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका मे बितल समय मुख्य शहरी क्षेत्र मे कोरोना नियन्त्रण के खातिर चुनैती बन रहल मेयर राजिव रन्जन यादव बतवले बानी ।

प्रदेश–२ के राजधानी भईल पालिका ओमे पिछिलका समय लकडाउन खुलला के बाद कोरोना संक्रमित के संख्या मे निरन्तर बढला से हमनी के समस्या पडत गईल बा । हमनी कोरोना रोकथाम तथा न्यूनिकरण के खातिर हमनी के ओरी से सकेभर प्रयाससब भईल बा कहके मेयर यादव कहनी ।

एहितरे संघियता कार्यान्वयन मे आईल तीन बरीस मे रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका विकास के पूर्वाधार मे बहुते बडका प्रगति हाँसिल कईल दाबी करत उ शिक्षा, स्वास्थ्य, खानेपानी, सडक, कृषि, महिला शसक्तिकरण, पिछडल समुदाय लक्षित कार्जक्रम मार्फत हमनी सुधार के अवस्था सिर्जना कईल बतवनी ।

कैयन अवस्था मे संघिय तथा प्रदेश के कानुन से साझा अधिकार के विषय मे कुछ मतभेद रहल आ उ व्यवहारीक रुप मे कानुनी अल्झनसब के सुधारत अगाडि बढला के विकल्प ना रहल उनकर तर्क बा ।

रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका मे कर्मचरी से काम करेमे केतना सहज बा कहके सवाल मे उ “बरतन एक जगहा मे रहला पर लेडेला, काम करत गईला पर कुछ मतभेद हो सकता माकिर ओकरा के छलफल के माध्यम से सुल्झावत अगाडि बढल जा सकता, हमनी के बौधिमाई नगरपालिका मे ओईसन काम करेमे असहज परिस्थिति सिर्जना नइखे भईल ।

एहितरे रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका के फुलेफुल के शहर बनावे के लक्ष्य के साथ काम हो रहल मेयर राजिव रन्जन यादव उर्फ राजु यादव दाबी कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।