लागूऔषध गाँजासहित पर्सा से ६० बरीस के बुढ पकडईलें

वीरगंज २२ कातिक

लागूऔैषध गाँजासहित पर्सा से पुलीस एक जने बुढ के पकडले बा । छिपहरमाई गाँवपालिका–२ के ६० बरीस के रामचन्द्र महतो के एतवार के दिने पुलीस पकडले बा ।

करिया प्लाष्टिक के झोरा हाथ मे लेके शंकास्पद रूप मे पैदल चलरहल उनका के पुलीस रोकके चेकजाँच कईला पर झोरा मे एक किलो गाँजा मिलला के बाद उनका के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

उनका के लागूऔषध सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।