नेपाली काग्रेस के उमेदवार भैयाराम यादव के घरदुअरी कार्जक्रम रहुवाई जवका मे
नेपाली काग्रेस के उमेदवार भैयाराम यादव के घरदुअरी कार्जक्रम रहुवाई जवका मे

प्रभु यादव / बारा २३ माघ
बारा के निर्वाचन क्षेत्र २ के नेपाली काग्रेस पार्टी के उमेदवार भैयाराम यादव रौवही जब्बका मे घरदुअरी कईले बा ।
महागढीमाई नगरपालिका के ६ रौवाही गाव आ देवताल गाउपालिका के वडा नम्वर जब्बका रमपुर्वा गाव मे घरदुअरी कार्जक्रम कर के मतदाता लोग से भेटघाट करत यादव आपना के विजयी बनावेला गाछी छाप पर मोहर लगाव के निहोरा कईले बानी ।
जब्बका रमपुर्वा गाव मे यादव के जनता सभे चक्रपात के समय मे पर विपत मे खाद्यान्न आ लताकपडा सहयोग करे कईल योगदान के समझना करत मतदान करेला बतावले रहनी ।
समाज मे समाजिक संस्था के माध्यम से भैयाराम यादव के आपना गाव मे गरिब पिछडल लोग के बहुत समय सहयोग मिलल उनकर योगदान के समर्ण करत गाछी छाप मे भोट देके जित करावे के गाववासी के उतसाह बढल रामनारायण महतो बतावले बानी ।
शिक्षा मे पछाडी परल जब्बका रमपुर्वा के स्कुल मे पढाइ खातिर भैयाराम यादव के भौतिक संरचना से लेके पढनियार लईकालईकी के पढाइ करेवाला समाग्री सभे के सहयोग समय समय मे मिलल जवन योगदान के ना भुलकर के उनकरा के विजयी सभे जनता कराई दिनानाथ साह बतावले बानी ।
घरदुअरी कार्जक्रम मे नेपाली काग्रेस के नेता कार्यक्रता सभे के सहभागिता रहल जवना मे रौवाही आ जब्बका रमपुर्वा मे मतदाता लोग के उमेदवार यादव के पक्ष मे भोट देवेला उतसाहिता बढल बा । कईल काम के याद करत आवेवाला दिन मे विकास होई विश्वास के साथ जनता यादव के पक्ष मे भोट दिहे गाव के मतदाता लोग लागरहल बा ।






