छठ के समान किनेला बजार मे बढल भिड, समान सब भईल महँगा

प्रभु यादव
बारा २२ कातिक
बारा के बजार सब मे छठ पवनी के सामान सब किनेवाला के भिड लागल बा । बारा सदरमुकाम कलैया बजार मे छठ पवनी के सामान खरीद करे से लेके नयाँ कपडा किनमेल करेवाला लोग आईला से सोमार के दिन से भिड बढल व्यापारी ललन मण्डल जनकारी करावले बानी ।
बारा के सिम्रौनगढ, गजभवानीपुर, बरियारपुर, बाराबजार, कोल्हवी, मधुवन, जैतापुर, सिमरा, जितपुर, फतेपुर, प्रसौनी, परवानीपुर लगायत के जगह मे भिड भाड बढल बा । सोहरईया बितल जवना मे कमे भिड रहल माकिर आज से छठ पवनी के किनमेल करेवाला लोग आ दिन्हु तरकारी किनेवाला के साथे साथे आईला के कारण अधिक भिड बढल मण्डल जनकारी करावले बानी ।
छठ पवनी करेवाला पवतईनी सब नहाय खाए के दिन लउका के तरकारी खाएला भईला से अधिक माग बढला से भारत से अईल लउका के मोल एक सय ५० रोपेया से तीन सय रोपेया तक विक्री भईल मण्डल जनकारी करावले बानी । पवनी मे लागेवाला दाउरा, सुपली, दउरी, छैटा आ माटी के समान ढकना, ताई, चमुक, दियरी लगायत के समान सब के भि मोल बढल बजार मे किनमेल करे आईल कलैया १६ के उमा देवी जनकारी करावले बानी ।
बजार मे समान सब बेचेला जगह ना भईला बजार के अगाडि पछाडि रहल रास्ता मे राख के विक्री कईला से रास्ता समेत मे भिड भईल कलैया १ के गौरीशंकर यादव जनकारी करावले बानी । कलैया ट्रफिक पोष्ट के ईन्चार्ज जयराम पुडासैनी आपना सब के युनिट सुबह से गाडी सब के भिडभाड के व्यवस्थापन करेमे लागल जनकारी करवले बानी ।
स्थानिय निकाय कलैया उपमहानगरपालिका से भिडभाड के नियन्त्रण करेला बजार के अगाडि पछाडि के रास्ता मे एकतर्फी आवतजावत बननवेला निर्णय भईल बा छठ वितते लगावल जाई जवना से कलैया नगर भितर के यातायात के भिड मे कमि होखे के ट्रफिक ईन्चार्ज पुडासैनी जनकारी करावले बानी ।






