आँधी से पुलीस भवनसहित आधा दर्जन घर मे नोक्सानी, एक जने घायल

जनकपुरधाम १३ जेठ

सोमार के रात वर्षात सँगे आईल आँधी से सर्लाही के पुलीस चौकी सहित आधा दर्जन से बेसी आदमी के घर मे नोक्सानी पुगल बा । एक जने घायल भईल बाडन । अधिकांश घर के छानी उडल बा ।

जिल्ला के ईश्वरपुर नगरपालिका १४ स्थित गौरीशंकर पुलीस चौकी के कम्पाउण्ड भितर रहल सपेता के गाछि गिर के इट्टा के गारो, टायल के छानी भईल भान्सा घर पूर्ण रुप मे नोक्सानी पुगल बा ।

पुलीस चौकी भवन के उपरला तल्ला के कोठरी मे भी नोक्सानी पुगल सर्लाही पुलीस के प्रवक्ता एवं डीएसपी मदन कुँवर जानकारी देहनी ।

आँधी से कौडेना गाँवपालिका ७ रहेवाला जोहिन्द्र बैठा के जस्ता से छावल घर के छानीे, गोडैता नगरपालिका–१० रहेवाला दुखा पासवान के टायल से छावल छानी उडल बा आ उहे जगहा के सीताकुमारी महतो के बाँस आ माटी से बनावल घर के देवाल भसकल बा ।

एहितरे, ईश्वरपुर नगरपालिका– ७ रहेवाला शिवचरण चौधरी के बास के टाटी, टायल के छानी भईल १ तल्ले कच्ची घर पुर्ण रुप मे नोक्सान भईल बा आ उहे जगहा के राजकुमार महतो के बाँस के टाटी, टायल के छानी भईल १ तल्ले कच्ची घर आंशिक रुप मे नोक्सानी पुगल बा ।

बागमती नगरपालिका ३ रहेवाला गंगाराम महतो के ३४ बरीस के मेहरारु शैलाकुमारी महतो घायल भईल बाडन ।

एक तले फुस के घर मे रहल अवस्था मे अचानक आईल आँधी, पानी के चलते घर भसकला पर दबा के उनकर गोड टुटल डीएसपी कुँवर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।