जनकपुर मे पुलीस आ स्थानीयबीच झडप, एतवार के रात १० बजे तक निषेधाज्ञा जारी

जनकपुरधाम २७ कातिक

जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका २० देवपुरा रुपैठा मे धार्मिक सद्भाव भडकके स्थानीय आ पुलीस बीच झडप भईल बा । देवपुरास्थित तेलिया पोखरा मे हिन्दुलोग के छठ पर्व मे घाट बनावेके विषय मे तथा मन्दिर के जमिन अतिक्रमण के विषय मे भईल विवाद मे स्थानीय पुलीस उपर ईटापथल चलवले बाडन ।

छठ पर्व मे धार्मिक सद्भाव बिगडेवाला किसिम से भईल दु पक्षीय विवाद के समय मे शनिचर के दिने कुछ आदमी के समूह मोटरसाइकल जुलुश सहित प्रदर्शन कईले रहलन । प्रदर्शन मे पुलीस से हस्तक्षेप कईले रहे । हस्तक्षेप के समय मे स्थानीय आ पुलीस बीच दोहोरो पथल हानाहान भईल धनुषा के प्रहरी उपरीक्षक बसन्त राजौरे जानकारी देहनी ।

धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बन्धुप्रसाद बास्तोला के मुताविक छठ के दिन भईल दु पक्षीय झडप के अवस्था के नियन्त्रण मे लेके शान्ति कायम करेवाला दुनु पक्ष से सम्झौता भईला पर भी आजु फेनु धार्मिक जुलुस सहित के नारा जुलुस गईला के बाद स्थिति के नियन्त्रण मे लेवेके आ दोहोरो झडप होखे ना देवे खातिर पुलीस हस्तक्षेप कईले रहे । हस्तक्षेप के समय मे पुलीस लाठी चार्ज कईला के साथे कुछ राउण्ड अश्रुग्यास भी प्रहार कईले रहे ।

उहे समय मे स्थानीय के पथल से लागके दु जने पुलीस जवान आ एक जने स्थानीय घायल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा जनवले बा ।

निषेधाज्ञा जारी

हिन्दु मुस्लिम समुदायबीच दु पक्षीय झडप के स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर जनकपुरधाम मे निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।

जनकपुरधाम उप महानगरपालिका– २० रुपैठा मे शनिचर के दिन के २ बजे से एतवार के रात १० बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा आदेश जारी कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी बन्धुप्रसाद बास्तोला जानकारी देहनी । जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका २० देवपुरा रुपैठा मे कुछ आदमी तथा समुदाय से सम्रदायिकता मे खलल पुगेवाला किसिम से तथा सद्भाव खलल होखेवाला किसिम से नारा जुलुस निकालला के बाद निषेधाज्ञा जारी कर्यल बा ।

शान्ति सुरक्षा के अवस्था के मध्यनजर करत स्थानीय प्रशासन ऐन २०२८ के दफा ६ (३क) बमोजिम कउनो किसिम के भेला, जुलुस, प्रदर्शन, घेराव, सभा जईसन क्रियाकलाप करे ना मिलेवाला किसिम से निषेधाज्ञा जारी कईल बा । देवपुरा के पूर्व मे जलाद नदी के कलरी बाँध, पश्चिम मे जनकपुर–जटही दोबाटो, उत्तर मे हनुमाननगर बहुअर्बा जाएवाला रास्ता आ दक्षिण मे निमचोक से बहुअर्बा जाएवाला रास्ता तक निषेधाज्ञा जारी कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी बन्धुप्रसाल बास्तोला जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।