बारा, पर्सा के सीमा नाका से पटका के तस्करी बढल

वीरगंज २० कातिक
हिन्दूलोग के महानचाड दशहरा ओरईला के बाद दिपावली पर्व के लक्षित करके तस्करलोग पर्सा तथा बारा जिल्ला के अनेकन नाका से पटका लियावल सुरु कईले बाडन ।
कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर वितल लम्हर समय से नेपाल भारत मुख्य सीमा नाका बन्द रहला पर भी तस्करलोग आउर अनेकन खुला नाका के फायदा उठावत उ नाका मे रहल सुरक्षाकर्मी से चोरालुका के बहुते परिमाण मे पटका लिया रहल बाडन ।
तस्करलोग पर्सा के भिस्वा, सिकटा, भेलाई, इनर्वा, ठोरी, सिर्सिया तथा बारा जिल्ला के मटिअर्वा, सिम्रोनगढ, कचौर्वा लगायत नाका से पटका लिया रहल जनावल गईल बा ।
पुलीस कमे मात्रा मे पटका पकडला पर भी तस्कर सीमा नाका मे रहल पुलीस के आपन पक्ष मे पार के पटका के व्यापक तस्करी करत आईल बाडन ।
इहे क्रम मे बुध के सबेरे ३ वजे के समय मे भारत के रक्सौल से अनेकन किसिम के पटका किन के ना२ह ३०४६ नं के अटो मे चोरालुका के वीरगंज ओरी लिया रहल समय मे पुलीस वीरगंज महानगरपालिका–१६ से बहुते परिमाण मे पटका सहित दु जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–१६ इनर्वा के भुलन साह तुराहा के २० बरीस के बेटा रन्जनकुमार साह आ सिमावर्ती भारतीय बजार रक्सौल मौजेटोल रहेवाला मौजी तुराहा के २६ बरीस के छोरा राजकुमार गुप्ता रहल बाडन ।
उलोग के साथ से अनेकन ब्राण्ड के एक हजार प्याकेट पटका बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
कयारियरवालालोग भारत के रक्सौल लगायत भारतीय बजार से उ पटका वीरगंज, कलैया लगायत के नेपाली बजार तक पुगईला मे सम्बन्धित व्यापारी ५० प्रतिशत तथा काठमाण्डु तक पुईला मे अधिकत्तम दु सय प्रतिशत तक लेरहल वीरगंज स्थित मीनाबजार मे मिलल एक तस्कर नाम उल्लेख ना करेके शर्त मे बतवले बाडन ।
उ कयारियरवाला सीमा क्षेत्र मे रहल सुरक्षाकर्मीलोग के आपन पक्ष मे लियाके भारत से अनेकन समान लिअईला पर ओकरा भितर पटका लुकाके लिया रहल बतवले बाडन ।
बहुते प्रज्वलनशील पदार्थ के रुप मे रहल पटका नेपाल आरहल बारे मे पुलीस अधिकारी अस्वीकार कईले बाडन माकिर सीमा नाका मे पुलीस के मिले टक पटका पकड रहल दाबी करत आईल बाडन ।
खास करके भारत से आवेवाला मालबाहक सवारीसाधन जीप, कार, टाँगा जईसन गाडी मे पटका चोरालुका के लिया रहल देखल गईल बा ।






