किलास १२ के परीक्षाफल अगहन १५ गोत भितर आई

काठमाण्डु ३० कातिक
राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड किलास १२ के परीक्षाफल अगहन दुसरका हप्ता सार्वजनिक करेके तइयारी कईले बा । बोर्ड के सदस्य सचिव दुर्गाप्रसाद अर्याल अगहन १५ भितर नतिजा सार्वजनिक करेके तईयारी के साथ काम हो रहल जानकारी देहनी ।
उ कहनी ‘हमनी अगहन १५ भितर नतिजा सार्वजनिक करेवाला किसिम से काम हो रहल बा । माकिर काम करत गईला पर कुछ दिन अगाडि पछाडि हो सकता ।’
बोर्ड के परीक्षा नियन्त्रक कृष्णप्रसाद शर्मा परीक्षार्थी के उत्तरपुस्तिका परीक्षण करेके, तालिकीकरण करेके, संपरीक्षण करेके लगायत के काम एकेसाथ धमाधम हो रहल बतवनी । उ कहनी, ‘अभी हमनी सभी काम एक साथ कर रहल बानी । सकेभर जलदी नतिजा सार्वजनिक कईल जाई ।’
कोरोना महामारी के चलते दु बेर स्थगित भईल किलास १२ के परीक्षा भादो ३० से कुवार ८ गते तक सञ्चालन भईल रहे । बोर्ड देशभर के चार हजार तीन सय १५ परीक्षा केन्द्र मे होम सेन्टर तोक के परीक्षा सञ्चालन कईले रहे । परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय के मुताविक ई बरीस करिब पौने चार लाख विद्यार्थी परीक्षा मे सहभागी भईल बाडन ।






