रामराजा मो.वि. शाह क्याम्पस के १४ वाँ सभा पुरा क्याम्पस के पढाइ संख्यात्मक ना गुणात्मक भईल जरुरी बा : वक्तालोग

प्रभु यादव
बारा ०१ पुस
बारा जिल्ला के सब से पुराना क्याम्पस रामराजा मोहन विक्रम शाह क्याम्पस के १४ वाँ क्याम्पस सभा सम्पन्न भईल बा ।
सभा के प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव क्याम्पस के व्यवस्थापन मे सहजोग कईल आपन जिम्मेवारी रहल बतवले बानी । क्याम्पस मे निःशुल्क किताब किनेला पाँच लाख आ व्यवस्थापन करेला १५ लाख अनुदान उपमहानगरपालिका से सहजोग करे के मेयर यादव घोषण कईले बानी । क्याम्पस प्रमुख हरिभुषण कुशवाहा क्याम्पस मे मास्टर डिग्री तक पढाइ कराहरल बानी माकिर सोचल जईसन करे ना सकल जारहल जनकारी करावले बानी ।
शिक्षा के खातिर सहयोग करेवाला के जरूरी रहल बा जवना से क्याम्पस मे पढाइ करावे मे आर्थिक सहयता पुगेके आशा रहल कुशवाहा बतावले रहनी । क्याम्पस सञ्चालक समिती अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल के अध्यक्षता मे भईल सभा मे पुर्व मन्त्री कलावती पाश्वान, नेकपा एमाले के नेता महम्द समिउल्लाह, माओवादी केंद्र के युवा नेता मुकेश साह, नेकपा एकीकृत समाजबादि के नेता बिक्रम ठाकुर, जसपा के नेता मुर्तुजा अन्सारी, नेमकिपा बारा के अध्यक्ष मुक्ति यादब, नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेशलाल दास, ज्येष्ठ नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष भरत बहादुर मल्ल, नेपाल भारत मैत्री संघ बारा के अध्यक्ष हिरालाल साह, महिला अधिकारकर्मी बबिता जयस्वाल, नेपाल पत्रकार महासंघ बारा के अध्यक्ष रेशम तिवारी, मनोकामना कलेज के निर्देशक रामबाबु कुश्वाहा, क्याम्पस सञ्चालक समिति के पूर्व अध्यक्ष आ समाजसेवी सुरेश मोदक, राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय प्रसौनी के प्रअ रविन्द्र गिरी, प्राधयापक प्रतिनिधि चुमनबाबु केवट, गौरी ढकाल लगायत के लोग क्याम्पस के पढाइ संख्यात्मक ना होके गुनात्मक होखे के आपन–आपन विचार राखले रहनी ।
कार्जक्रम मे शिक्षा प्रेमी समाजसेवी,अभिभावक, बिद्यार्थी, सभासद लगायत के उपस्थिति रहल रहे । कार्जक्रम मे पुराना प्रधयापक चन्द्रप्रकाश सुवेदी के क्याम्पस समान कईले रहे । सञ्चालक समिती उपाध्यक्ष जङ्गबहादुर चौरसिया के स्वागत आ कार्जक्रम के सञ्चालन अमित श्रेष्ठ कईले रहलन ।






