किराना आ हार्डवेयर समान सहित के ट्रक पकडाईल

वीरगंज ०२ अगहन

पर्सा पुलीस वीरगंज से खुद्रा तथा हार्डवेयर के समान सहित के ट्रक पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–८ घण्टाघर स्थित सडकखण्ड से बुध के रात ना.६ ख १३७ नम्बर के ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

किराना तथा हार्डवेयर के मालबस्तुसब भन्सार छली करके रूपन्देही ओरी लेजारहल सूचना के आधार मे पुलीस टोली नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ट्रक के रोक के चेकजाँच कईला पर ट्रक भितर विलबिजक से बेसी किराना तथा हार्डवेयर सामानसब लोड रहल पुलीस जनवले बा ।

ट्रक के चालक मकवानपुर के राक्सीराङ गाँवपालिका–३ रहेवाला ४० बरीस के सुनबहादुर थिङ के भी पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

पकडाईल उलोग उपर राजश्व छली कसुर मे ट्रक के जरुरी कारवाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।