राजविराज मे अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा
सप्तरी ७ सावन
सप्तरी के जिल्ला सदरमुकाम राजविराज मे अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।
बियफे के सबेरे ५ बजे से लागू होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।
बुध के दिने बईठल जिल्ला सुरक्षा समिति के बईठक से स्थानीय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६(३) आ संक्रामक रोग ऐन २०२० के दफा २ बमोजिम राजविराज नगरपालिकाभर निषेधाज्ञा जारी करेके निर्णय कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी शंकरहरि आचार्य जानकारी देहनी ।
बहुते जरुरी बाहेक के सभी सेवा बन्द करेके आ आउर सेवा÷स्थलसब अनावश्यक आवत जावत, हिंडडुल करे ना देवेवाला किसिम से निषेधाज्ञा लगावल गईल बा । निषेधाज्ञा आदेश के उल्लङ्घन करेवाला आदमी के कानुन बमोजिम कारबाही करेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी आचार्य बतवनी ।
कोरोना संक्रमण होके राजविराज मे बितल बियफे के दिने एक बुढ के मृत्यु भईल रहे ।
बुध के दिने मृतक वुढ के परिवार के ५ जने सदस्य, एक स्वास्थ्यकर्मी सहित १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
राजविराज मे कोरोना संक्रमित मिले लागला के बाद राजविराज नगरपालिका बुध से हि लकडाउन मे कडाइ करेके निर्णय कईले बा ।