पाँच अरब से बेसी राजस्व संकलन

पर्सा, ७ अगहन
वीरगंज भन्सार कार्यालयल चालु आर्थिक बरीस के पहिलका चौमासिक के खातिर भन्सार विभाग निर्धारण कईल लक्ष्य से रु पाँच अरब बेसी राजस्व सङ्कलन करेमे सफल भईल बा । आर्थिक बरीस २०७८÷७९ के सावन से कातिक तक के चार महिना के खातिर भन्सार विभाग से देहल लक्ष्य से करिब आठ प्रतिशत बेसी राजस्व सङ्कलन भईल वीरगंज भन्सार कार्यालय जनवले बा ।
उ समय के खातिर विभाग रु ६५ अरब ११ करोड ४१ लाख रोपेया राजस्व सङ्कलन के लक्ष्य देहला मे कार्यालय रु ७० अरब १२ करोड १४ लाख राजस्व सङ्कलन कईले रहे ।
कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या कम भईला सँगे देश भितर के उद्योग व्यापार से गति लेवे लागला के बाद देश के प्रमुख व्यपारिक नाका वीरगंज के प्रयोग करके अनेकन वस्तु के आयात तथा निर्यात मे सुधार अईला सँगे राजस्व सङ्कलन बढ्त गईल कार्यालय के सूचना अधिकरी सुमित गुप्ता जानकारी देहनी । उ चालु आव के पहिलका चौमासिक मे वीरगंज नाका प्रयोग करके नेपाल के खातिर होखेवाला सवारीसाधन के आयात से सङ्कलित राजस्व मे २८ प्रतिशत आ पेट्रोलियम पदार्थ के आयात से सङ्कलित राजस्व मे ३३ प्रतिशत से वृद्धि भईल बतवनी ।
चालु आव के पहिलका चौमासिक के खातिर भन्सार विभाग से निर्धारण कईल भन्सार महसुल मे पाँच प्रतिशत बेसी आ मूल्य अभिवृद्धि कर मे २६ प्रतिशत से बेसी सङ्कलन भईल कार्यालय जनवले बा ।
चालु आव के सावन से कातिक तक के खातिर विभाग भन्सार महसुल सङ्कलन करे खातिर रु २४ अरब १२ करोड ७७ लाख के लक्ष्य देहल रु २४ अरब ४१ करोड ८४ लाख राजस्व सङ्कलन करेमे सफल भईल जनावल गईल बा । एहितरे मूल्य अभिवृद्धि कर रु २० अरब ८१ करोड २८ लाख सङ्कलन के लक्ष्य रहल रु २६ अरब ४८ करोड ९९ लाख सङ्कलन करेमे सफल भईल वीरगंज भन्सार जनवले बा ।






