जनानी लोग के सीप देहला से रोजगारी के बहुते अवसर बा : अध्यक्ष सहनी

प्रभु यादव

बारा ०८ अगहन

बारा के कलैया मे तीन महिने सिलाई कटाई शिपमुलक तालिम के उदघाटन भईल बा ।

शिपमुलक तालिम के उदघाटन मे बोलत कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी जनानी लोग के सीप देहला से रोजगारी के अधिक अवसर बा जनकारी करावले बानी ।

सिलाईकटाई के काम सिकला पर अभि घर घर मे कपडा सिलावे के जरूरी रहल बा ओह से घर के काम सपरा के बाचल समय मे काम कर के आय आर्जन करसकेला जवना से आपन आर्थिक बढ सकता वार्ड अध्यक्ष सहनी जनकारी करावले बानी ।

सीप सिखेवाला लोग लक्ष्यपूर्ण उत्साह राख के सिख कर के आयआर्जन बढावेला अगाडि बढे के सहभागी लोग के सल्लाह सहनी देहनी । उदघाटन कार्जक्रम मे घरेलु तथा साना उधोग कार्यालय बारा के नायब सुब्बा अलिशरण अंसारी उधोग तथा वन मन्त्रालय से योजना बना के आईल सिपमुलक तालिम सब सञ्चालन कर के पिछडल आ दलित लोग के जीवन मे आयआर्जन करेके काम करेला बतावले बानी ।

सिपमुलक तालिम मे सक्रिय सहभागिता राख के सीप सिखलावाद व्यवसाय सुरू करी त कार्यालय से काम करेवाला समाग्री सब खरीद करेला ८० प्रतिशत अनुदान देवेके काम करेला जनकारी करावले बा । नारायणी सिलाई प्रशिक्षण केन्द्र कलैया, सरस्वती सिलाई कटाई प्रशिक्षण केन्द्र कलैया मे ३६ जने जनानी लोग के तालिम देहल जारहल बा ।

घरेलु तथा साना उधोग कार्यालय कलैया बारा के आयोजना मे तालिम सञ्चालन होरहल बा । उदघाटन कार्जक्रम मे घरेलु तथा साना उधोग कार्यालय के तालिम प्रशिक्षक संजय कुमार सिंह सहयोषि विनोद तुलाधर सिलाईकटाई के प्रशिक्षक राधिका न्यौपानी साह कलवार लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।