पर्सा के प्रहरी कार्यालय मे मुद्दा के भण्डारण कक्ष तईयार

वीरगंज ०८ अगहन

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे अलगे मिसिल व्यवस्थापन तथा सबुत भण्डारण कक्ष स्थापना कईल बा । सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका १२ लाख रोपेया के लागत मे मुद्दा शाखा उपर भण्डारण कक्ष तईयार कईले बा ।

भण्डारण कक्ष के मंगर के दिने सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल, निम्बस ग्रुप के जगदिश अग्रवाल आ प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे संयुक्त रुप मे उदघाटन कईनी ।

नव निर्मित कक्ष मे तीन गो आर्थिक बरीस के मिसिल, असीमित हद म्याद भईल फाइल आ सबुत प्रमाण के अलग अलग व्यवस्थापन कईल बा । अलगे कक्ष निर्माण से मुद्दा शाखा के व्यवस्थित करेमे सहजोग पुगल प्रहरी निरीक्षक कुशल बर्तौला जानकारी देहनी ।

मुद्दा शाखा के फाइल व्यवस्थित राखेमे समस्या भईल जानकारी मिलला के बाद भवन मे तला थपेमे सहजोग कईल सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष जयसवाल जानकारी देहनी ।

भण्डारण कक्ष मे मिसिल आ सबुत प्रमाण राखे खातिर जरुरी दराज लगायत सामान के बन्दोबस्त विन्दबासिनी गाँवपालिका आ निम्बस ग्रुप कईले बा । गाँवपालिका ३ लाख आ निम्बस ग्रुप ५ लाख ७० हजार रोपेया के सामान सहजोग कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।