कार्यालय आवेके ना मानेलन पोखरिया नगरपालिका के कर्मचारी

वीरगंज ०४ कातिक

पोखरिया नगरपालिका के कर्मचारी के बितल सावन से हि तलब मिलल नईखे ।
तलब ना मिलला से ई बरीस के चाडबाड भी बढिया से ना भईल राजश्व शाखा के कर्मचारी महेश साह बतवनी । ‘तलब ना मिलला के बाद सर सापट करके काम चलावल गईल का कईल जाँव चाडपर्व मनाहिके पडि’ कहत उ ‘दीपावली आ छठ मे आउर बेसी खर्च होखेला कईसे काम चली चिन्ता बा ।’
पञ्जीकरण शाखा के एमआईएस अपरेटर सु्नीलकुमार साह भी तलब ना मिलला पर घर व्यवहार चलावल मुश्किल भईल बतवनी । पोखरिया नगरपालिका बितल असार १० गते भितर करेवाला नगरसभा अभी तक होखे नईखे सकल । नगरसभा से बजेट पारित ना करे तक आर्थिक बरीस २०७८÷७९ मे बजेट करे ना मिली ।

पोखरिया नगरपालिका के स्थानीय सेवा व्यवस्थापन ऐन २०७७ मे नगरपालिका मे कार्यरत कर्मचारी एक महिना के तलब बराबर के रकम चाडपर्व खर्च स्वरुप मिलेके व्यवस्था कईल बा । अईसन रकम दशहरा मे वितरण करेके चलन बा ।

माकिर ई बरीस कर्मचारी चाडपर्व खर्च त का नियमित तलब भी मिलल नईखे । ओहिसे कर्मचारी के कार्यालय मे आवेके मन ना करेला । अईला पर भी देर से आवेलन आ काम करेमे अल्छी मानेलन ।

दशहरा ओरईला के बाद पालिका के १० गो वार्ड से सेवाग्राही नगरपालिका कार्यालय मे अनेकन सेवा लेवे आईल बाडन । माकिर कर्मचारी फाट्टफुट्टमात्र आईल बाडन ।
पोखरिया नगरपालिका–९ चौकिया बैरिया से अपांगता के परिचपय पत्र लेवे आईल सेवाग्राही कर्मचारी के ईन्तजार करके बईठल बाडन । बियफे के सबेरे ११ बजे नगरपालिका कार्यालय पुगला पर अधिकांश शाखा मे कुर्सी खाली रहल आ सेवाग्राही कर्मचारी के ईन्तजार कर रहल मिलल पोखरिया युवा समाज जनवले बा ।

उपाध्यक्ष दिनेश मिश्र के मुताविक तलब ना मिलला से कर्मचारी काम करेके वास्ता नईखन करत । ‘भागवण्डा मिलल नईखे, कि का मिलल नईखे, नगर सभा होखे नईखे सकल’ कहत उ ‘नगरसभा ना भईला से कर्मचारी के तलब नईले मिलल । कर्मचारी ना भईला से सेवाग्राही के काम नईखे होत, विजोग के स्थिति देखल गईल ।’
बियफे के दिने ११ बजे पुगला पर नगरपालिका मे ५ जने मात्र कर्मचारी मिलल उ बतवनी ।

स्थानीय राजु गिरी सचेत युवा से खबरदारी ना कईला से नगरपालिका के दुराअवस्था भईल बतवनी । ‘४ बरीस से हि समय मे नगरसभा होखे नईखे सकल, भोट देवेवाला लोग कुछो ना बोलेलन, केहु ना खोजेलन’ कहत उ, ‘समय मे नगरसभा करेके पडि, कर्मचारी के तलब भुक्तानी मात्र ना आउर विकास निर्माण के काम भी अगाडि बढावेके पडि ।’
पोखरिया नगरपालिका के प्रशासकीय अधिकृत अशोक कोइराला नगरसभा ना भईला से तलब खियावे ना सकल स्वीकार कइनी ।

नगरसभा हि होखे नईखे सकल, नगरसभा ना भईला के बाद आर्थिक कारोबार रुकेला’ कहत उ ‘हमनी चाह के मात्र नगरसभा ना होखी, पोलिटिकल बडी तईयार होखेके पडि । दिपावली से पहिले हि नगर सभा करेके तइयारी कईल जा रहल बा ।’ उलथा अनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।