पर्सा मे लइकी के जबरजस्ती कईल आरोप मे अन्सारी पकडईलें

वीरगंज ०९ अगहन
लइकी के जबरजस्ती कईल आरोप मे पर्सा से १ जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ रहेवाला २१ बरीस के अब्दुल कादिर अन्सारी रहल बाडन ।
१५ बरीस के लइकी के बियाह करेके, शहर लेजाके घुमावेके, सिनेमा देखावेके तथा बढिया कपडा किनेके जईसन अनेकन लोभ देखाके बितल जेठ १० गते से कुवार ०६ गते तक जीराभवानी गाँवपालिका के अनेकन जगहा तथा खेत मे लेजाके बेर बेर जबरजस्ती करणी करके गर्भवती बनावल आरोप मे उनका के पुलीस पकडले बा ।
पकडाईल अन्सारी उपर जबरजस्ती करणी सम्बन्धी कसूर मे पर्सा जिल्ला अदालत से दिन ७ म्याद थप करके अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।






