बारा मे लईका अपहरण करेवाला दु जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०९ अगहन

बारा के महागढीमाई नगरपालिका ६ पत्तरहट्टी से १३ वरीस के लईका के अपहरण कर के भागरहल अवस्था मे बुध के दिन दु जने भारतीय अपहरणकारी पकडाईल बाडन ।

बुध के दिन दुपहर के करिब २ बजे स्थानीय दिनेश सहनी के लडका १३ बरीस के सुशान्त सहनी के अपहरण कर के मोटरसाईकल मे भाग रहल भारतीय अपहरणकारी के स्थानीय सब खदल सुरु कईले रहल रहे । प्रहरी के भि अपहरण के घटना के जानकारी करावल रहे ।

चारू ओर से नाका बन्द भईला पर अपहरणकारी तेलकुवा के गण्डक नहर पर अपहरण कईल लईका के फेक के भागल सुरु कईले रहे । सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी आ स्थानीय लोग के सहजोग मे अपहरणकारी सब भागरहल अवस्था मे पकडमे सफल भईल । पकडाई अपहरणकारी भारत बिहार पुर्वी चम्पारण अठमोहान कोईरगामा जितनथाना के २५ वरीस के बिक्रम सहनी आ २२ वरीस के मुन्ना कुमार साह रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

अपहरणकारी आ भारतिय नम्बर प्लेट बि.आर. ५ ए.जे. २१९६ नम्बर के मोटरसाईकल सहित नियन्त्रण मे लेके कारवाही अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के निमित्त प्रवक्ता प्रहरी निरिक्षक सुरेन्द्र यादव जानकारी करावले बानी । उद्धार कईल लडका के आफन्त के जिम्मा लगावल गईल बा आ अपहरण मे संलग्न दुनु भारतीय अपहरणकारी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राख मे घटना के सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान सुरू कईल गईल प्रनि यादव बतावले बानी । बारा मे अपहरण के घटना बहुते दिन वाद भईल बा घटना के बात अभि बाहर ना आईल अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।