बारा मे नेपाली काग्रेस पार्टी के क्षेत्रिय सभापति मे यादव, चौरसिया आ गुप्ता विजयी

प्रभु यादव
बारा १७ अगहन
नेपाली काग्रेस पार्टी के केन्द्रीय महाधिवेशन के खातिर जिल्ला के पदधिकारी के छनौट सुरू भईल बा ।
बारा जिल्ला के चार गो निर्वाचन क्षेत्र मे से तीन गो के सम्पन्न भईल बा । निर्वाचन क्षेत्र १ के कलैया मे भईल भोट मे क्षेत्रिय सभापति मे सिम्रौनगढ नगरपालीका के मेयर विजय शंकर यादव विजयी भईल बानी । क्षेत्र नम्वर ३ मे प्रभात कुमार चौरसिया आ क्षेत्र नम्वर ४ मे सुनिल गुप्ता सभापति मे निर्वाचित भईल बा ।
क्षेत्र नम्वर १ मे विजयशकर यादव भोट लेया के विजयी बनल बानी उनकर प्रतिद्धन्दी रामप्रसाद चौधरी लेयाल रहनी । क्षेत्र नम्वर ३ मे प्रभात कुमार चौरसिया दु सय ८३ भोट लेया के विजयी वनल बानी उनकर प्रतिद्वन्द्वी मुकेश कुशवाहा दु सय १९ भोट लेयाल रहनी । क्षेत्र नम्वर ४ मे सुनिल गुप्ता तीन सय दु भोट लिया के क्षेत्रिय सभापति मे विजयी भईल बानी प्रतिद्वन्द्वी लालबाबु यादव दु सय ९१ भोट लेयाल रहनी ।
२१ जने क्षेत्रीय समिति मे ७ पदाधिकारी आ बाँकी जने सदस्य रहेला व्यवस्था रहल बा । एक सभापति दु जने प्रदेश सभापति उपाध्यक्ष रहेला व्यवस्था कईल गईल बा । ओई सही दु सचिव आ दु सहसचिवसहित पदाधिकारी रहेला व्यवस्था रहल बा । निर्वाचन क्षेत्र २ के निर्वाचन महागढीमाई नपा १० के गंजभवानीपुर मे भोट होरहल बा ।






