पर्सा मे विशेष खोप अभियान सञ्चालन होखी

वीरगंज १८ अगहन
पर्सा मे कोरोना भाइरसविरुद्ध विशेष खोप अभियान सञ्चालन होखेके जनावल गईल बा ।
‘हमनी के खोप, हमनी के सुरक्षा, खोप लगाई सुरक्षित बनीं’ कहके नारा के साथ इहे अगहन २२, २३ आ २४ गते खोप अभियान सञ्चालन करेके तईयारी कईल खोप समन्वय समिति संयोजक एवं प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेशकुमार ढकाल जानकारी देहनी ।
जिल्लाभर पूर्ण खोप लेवेके बाँकी रहल १८ बरीस उमिर बेसी भईल सभी आदमी के खोप लगावेके तईयारी कईल स्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा । अभी १०२ गो खोप केन्द्र रहल जिल्ला मे अभियान के खातिर १० खोप केन्द्र भी थप कईल बा । जरुरत के आधार मे खोप केन्द्र थप करे सकेके कार्यालय जनवले बा ।
बहुते नागरिक खोप लगावे के कहके उद्देश्य से अभियान सञ्चालन करे लागल प्रजिअ ढकाल जानकारी देहनी । वीरगंज महानगरपालिका के बेसी भिडभाड होखेवाला क्षेत्र घण्टाघर चोक, नयाँ बसपार्क, माइस्थान चोक, आदर्शनगर चोक, भन्सार आ ड्राइपोर्ट चोक मे भी खोप केन्द्र स्थापना करेके तइयारी कईल बा ।
पोखरिया नगरपालिका मे हाट बजार लागेवाला दिन आउर एगो खोप केन्द्र सञ्चालन करेके तइयारी कईल जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी । “कोरोना भाइरसविरुद्ध खोप लगईला के बाद सङ्क्रमण के जोखिम कम होखेके आ सङ्क्रमण भइला पर भी गम्भीर बिरामी परेके दर कम बा ।” स्वास्थ्य सेवा विभाग, परिवार कल्याण महाशाखा भेरोसेल आ सिनोफार्म खोप के पहिलका मात्रा लगावल के दुसरका मात्रा खोप के भी सुनिश्चितता भइल पत्र स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के पठवले बा । ओहिसे अभियान मे भेरोसेल, सिनोफार्म खोप के छुटल दुसरका मात्रा भी देवेके तइयारी कईल बा ।
खोप अभियान सफल बनावे खातिर स्थानीय तह जनानी स्वयंसेविका के घरघर मे पठाके खोपबारे मे जानकारी करावेके, अभियान के खातिर तत्काल खोप पुगावल जरुरी सामान के व्यवस्थापन स्वास्थ्य कार्यालय से करेके, एकरा से पहिले भेरोसेल, सिनोफार्म खोप के पहिलका मात्रा लेहल आ समय पुगल के दुसरका मात्रा खोप देवेके, कोभिसिल्ड भा एस्ट्राजेनिका खोप के पहिलको मात्रा लेहल के खोप आधार मे दुसरका मात्रा सम्बन्धित पालिका से हि अभियान के अन्तिम दिन देवेके योजना बा ।
अभियान के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर कोभिड–१९ विरुद्ध के खोपस्तरीय कार्जक्रम सञ्चालन मार्गदर्शन २०७८ बमोजिम निजी तथा गैरसरकारी अस्पताल मे भी खोप सेवा सञ्चालन करेके तइयारी कईल बा । वीरगंज विर्तास्थित नारायणी सेन्ट्रल हस्पिटल मे एतवार, गण्डकस्थित वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल मे मंगर आ लिङ्करोडस्थित भवानी हस्पिटल मे बियफे के दिने खोप देवेके व्यवस्था मिलावल गईल बा । जिल्ला मे एक लाख ३० हजार ६७२ जने कोरोनाविरुद्ध खोप लगा चुकल बाडन । ई लक्षित जनसङ्ख्या के २९.६७ प्रतिशत ह । जिल्ला मे १८ बरीस से उपर के चार लाख ४७ हजार जनसङ्ख्या बा ।






