कलैया मे घोडा दौड प्रतियोगिता, दर्शक के भरपुर मनोरञ्जन

प्रभु यादव
बारा २० अगहन
बारा के कलैया मे घोडा दौड प्रतियोगिता सम्पन्न भईल बा । प्रतियोगिता के प्रमुख अतिथी सीटी जेसीज के केन्द्रीय अध्यक्ष सेनिटर अरनेश्वर खनाल जवान सब देश के करणणधार हउन उ लोग के जेसिज करहल बा समाजिक विकास आ विधि के शासन के अगाडी बढारहल जनकारी करावले बानी ।
नेपाल मे कलैया जेसिज से कईल जारहल घोडा दौड के आयोजना ओईसही रेस मे अगाडि शाखा बढी जनकारी करावले बानी । कोभिड १९ के प्रभाव से बजार मे बहुते प्रभाव परल बा जवना के कारण से प्रर्यटन धार्मिक विशेषता रहल जगह मे सुनसान भईल रहल जनकारी करावले बानी । घोडा दौड प्रतियोगिता श्रीकृष्ण घोडा संरक्षण समिति आ कलैया जेसिज के आयोजना मे भईल रहे ।
उदघाटन सत्र कलैया सिटी जेसीज शम्भु गुप्ता के सभापतित्व भईल कार्जक्रम मे जेसिज के सेनिटर रंजन राउत, नेपाल जेसिज के राष्ट्रिय कार्य कारिनी उपाध्यक्ष सिनेटर अरुण दाहाल, नेपाल जेसिज के राष्ट्रिय तालिम आयुक्त जेसी मनिष श्रेष्ठ, जेसी निशान्त लामिछाने, उद्योग वाणिज्य संघ के कोषाध्यक्ष सन्तोष साह, बारा कलवार कल्याण समाज के अध्यक्ष मन्तोश चौधारी, नवल किशोर साह, गंगासागर कुशवाहा, अनिल कुशवाहा, राजेश कुशवाहा, जयप्रकाश साह, डा सुशील साह, कलैया सिटी जेसिज के पुर्व अध्यक्ष सब के सहभागिता रहल रहे । घोडा दौड मे नेपाल भारत के २१ गो घोडा प्रतियोगिता मे भाग लेहले रहलन ।
प्रथम पुरस्कार शेयत इफरवार महम्द मोतिहारी के फ्रिज, दुसरका पुरस्कार नन्दकिशोर सहनी मोतिहारी एल ई डी टीवी आ तिसरा पुरस्कार मन्टु सिंह मुखिया मजफरपुर भारत के जितले रहलन । विजयी भईल घोडावाला के जेसिज के पदअधिकारी लोग पुरस्कार देहले रहलन ।






