पाँच वाँ पिपरा गोल्डकप सुरू

प्रभु यादव

बारा ०६ फागुन

बारा के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नम्वर ७ पचगछिया खेलमैदान मे पाँच वा पिपरा गोल्डकप सुरू भईल बा । गोल्डकप के प्रमुख अतिथि प्रदेश नम्वर २ के अर्थ राज्यमन्त्री उषा कुमारी यादव अभि देश मे आईल संविधान के सकट से युवा लोग आ लक्षितवर्ग सब के खातिर समस्या मे पड रहल बतावले बानी ।

प्रतिनिधि सभा विघटन कर के संविधान के उपर चलखेल होरहल खेल के उदघाटन करत मन्त्री यादव सिकायत कईले बानी । संघियता से सभे वर्ग के प्रतिनिधित्व भईल एक जात के शासन करेवाला से ना पच रहल मन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । खेलकुद से जीवन मे व्यक्ति विशेष मे असर पर के देश आ राष्ट्र मे पहिचान देखे के परेला मन्त्री यादव जोड देहनी ।

खेलेगा मधेश खिलेगा मधेश के योजना प्रदेश नम्वर २ मे लयाके हरेक पालिका मे खेलकुद के खातिर मैदान बननवे के लागल गईल मन्त्री यादव जनकारी करावले रहनी । पिपरा गोल्डकप मे खेलाडी लोग जादा से जादा प्रतिष्पर्धा कर के देश आ विदेश मे खेलेवाला खेल मे पुगे के मिलि कहत जोड देहले रहनी ।

सृजनशिल युवा क्लव करैयामाई गाँवपालिका ७ के आयोजना मे होरहल खेल के उदघाटन मे संस्था के अध्यक्ष बृजमोहन चौधरी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिति गाँवपालिका अध्यक्ष भुनेश्वर चौधरी, करैयामाई गाँवपालिका के वार्ड अध्यक्ष सब कोल्हवी नगरपालिका के जनप्रतिनिधि सब, सहजोगी समाज सेवी आ सञ्चारकर्मी लोग के विशेष उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।