समाज सुधार साकोस के १३ वाँ बार्षिक साधारण सभा पुरा

पोखरिया ०३ पुस

समाज सुधार बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड कटी के १३ वाँ बार्षिक साधारण सभा पुरा भईल बा ।

समाज सुधार बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि. के १३ वाँ बार्षिक सधारण सभा पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं ४ के कटी मे पुरा भईल बा । ‘दिगो विकास लक्ष्य प्राप्ति के खातिर सहकारी’ कहके नारा के साथ कईल साधारण सभा मे आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे संस्था २ करोड २५ लाख ५८ हजार ९ सय ५ रोपेया ७२ पईसा बराबर आय ब्याय प्रस्तुत कईले रहनी ।

संस्था के अध्यक्ष उमेश कुमार बैठा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि सहकारी महासंघ पर्सा के अध्यक्ष राजेश पडिंत आ वार्ड अध्यक्ष हरिओम प्रसाद गुप्ता रहल रहनी ।

गरिबी के अन्त करके आत्मनिर्भल बनावे मे सहकारी संस्थासब के बहुते योगदान पुगवले बाडन । गरिब जनानी आ पुरुषलोग के समय मे कर्जा देके बिजनस ब्यपार मे सहजोग करके आत्मनिर्भल बनवले बा । सहकारी के चलते जनानीलोग के पढे बोलेके सिखवले बा ।

समाज सुधार ऋण तथा सहकारी संस्था मे ९ सय से बेसी सेयर सदस्य रहल बाडन । कार्जक्रम मे अधिवक्ता बृजकिसोर पटेल, जयनाराण प्रसाद चौहान, रतनजित तिवारी, लेखासमित के धुरुप प्रसाद, बृजकिसोर चौहान, राजेश महतो कोईरी, संस्था के संदिप चौहान, दिनेश महतो, दिपेन्द्र कुमार के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन उमेश चौहान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।