ओली आपन कार्यकाल उखान टुक्का मे लाग के जनता के मत के कदर ना कईलन : कानुन मन्त्री यादव

बारा ०३ पुस

प्रदेश २ के कानुन, न्याय तथा प्रदेश सभा मन्त्री प्रमोद कुमार यादव पूर्व प्रधानमन्त्री एवम् नेकपा अध्यक्ष केपी शर्मा ओली आपन कार्यकाल उखान टुक्का मे लाग के जनता के मत के कदर ना कईल आरोप लगवले बाडन ।

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २३ भतौडा मे आयोजना कईल नेकपा (एकीकृत समाजवादी) के वार्ड भेला के सम्बोधन करत मन्त्री यादव पुर्व प्रधानमन्त्री ओली के आपन कार्यकाल उखान टुक्का मे बितावल आरोप लगवनी । उ घरघर मे ग्यास के पाईप, पानी जहाज जईसन बात मे अल्झा के ओली से विकास विरोधी काम मात्र आपन कार्यकाल मे कईल बतवनी ।

माधव नेपाल से पार्टी फुटावल आरोप गलत रहल बतावत मन्त्री यादव ओली के घमण्ड के चलते पार्टी से अलग भईल बतवनी ।

तानाशाही शासन से मुक्त होके देश आ जनता के हकहित के खातिर लडेवाला भईला से एकिकृत समाजवादी मे देशभर पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे लाईन लागल बतवनी । एकीकृत समाजवादी के नेता भी रहल मन्त्री यादव देश के भ्रष्ट पुर्वप्रधानमन्त्री ओली आपन निजि स्वार्थ पुरा करे लागला से पार्टी से विद्रोह होके दोसर पार्टी गठन भईल वतवनी ।

उ अवसर मे अनेकन पार्टी छोड के करिब ५ सय से बेसी नेता कार्यकर्तालोग नेकपा समाजवादी मे प्रवेश कईले रहलन । नवप्रवेशीलोग के प्रमुख अतिथि मन्त्री यादव लगायत के अतिथिलोग अबिर के टिका लगाके पार्टी प्रवेश करईले रहलन ।

नागेन्द्र मिश्रा के अध्यक्षता मे भईल भेला मे पार्टी के पोलिट ब्युरो सदस्य दिनेश राई, प्रदेश २ के संसद तथा प्रमुख सचेतक सुन्दर विश्वकर्मा, पार्टी के केन्द्रिय सदस्य श्रीप्रसाद पासवान, बारा सह ईन्चार्ज बतहु यादव, पार्टी उपाध्यक्ष उस्मान अंसारी, बिजेन्द्र चौधरी, सचिव विक्रम ठाकुर, जिल्ला सदस्य ध्रुव यादव, सुरेश मोदक, विरेन्द्र साह, रमेश सुवेदी, कौशल किशोर सिंह, महिला ईन्चार्ज गौरी ढकाल, नगर अध्यक्ष अरुण खनाल, राजेश गुप्ता, असर्फी पटेल, धर्मराज महतो, समाजवादी पत्रकार संघ बारा के अध्यक्ष अजय साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

पुरा भईल वार्ड भेला से सरोज पटेल के अध्यक्षता मे वार्ड कमिटि गठन कईले बा । जउन कमिटी के उपाध्यक्ष मे विनोद पटेल, रन्जित कुशवाहा, सचिव नागिन्द्र मिश्रा, माला देवि, राधेश्याम पटेल लगायत के रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।