बारा मे सरकार से तोकल दाम मे हि सहकारी धान किनी

बारा २८ अगहन

बारा मे ५ गो कृषि सहकारी सरकार से तोकल न्यूनतम समर्थन दाम मे धान खरिद करेके जनावल गईल बा । जिल्ला के अनेकन जगहा के ५ गो सहकारी के धान किने खातिर अनुमति देहला के साथे एतवार के दिने सम्झौता भी कईल प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकीकरण परियोजना कार्यान्वयन इकाइ बारा जनवले बा ।

समर्थन मूल्य मे धान खरिद बिक्री परीक्षणकाल के समन्वय करेके जिम्मेवारी प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकीकरण परियोजना के मिलल बा ।

कृषक के हित के मध्यनजर करत पाचँ गो कृषि सहकारी संस्था न्यूनतम समर्थन मूल्य मे धान खरिद करे खातिर तईयार भईल बाडन । पाँच सहकारी मेसे ४ गो साना किसान कृषि सहकारी बाडन ।

जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका स्थित साना किसान कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड डुमरवाना, जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१९ इनर्वासिर्रा, वार्ड नं १८ मनहर्वा, करैयामाई गाँवपालिका तेतरियास्थित साना किसान कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड आ फेटा गाँवपालिका–७ स्थित कटेङ्गनमाई कृषि सहकारी संस्था धान खदिर के खातिर सुचीकृत भईल बाडन । सुचीकृत सहकारी पाँच हजार क्विन्टल तक धान किन सकिहें ।

पाँच गो संस्थासब कृषकलोग से धान किनेके सम्झौता कईला से कृषक के सहज होखेवाला सहकारी से समन्वय करके धान बिक्री करे सकेके इकाइ प्रमुख डाक्टर सुरेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।

पर्सा मे एगो मात्र कृषि सहकारी सुचीकृत भईल बा । साना किसान कृषि सहकारी संस्था उदयपुरघुर्मी न्यूनतम समर्थन मूल्य मे धान किने खातिर तइयार भईल बा ।

५ सय मेट्रिक टन धान खरिद करेवाला किसिम से कार्यादेश भईल प्रधानमन्त्री कृषि आधुनिकीकरण परियोजना कार्यान्वयन इकाइ पर्सा के कृषि अधिकृत पुरुषोत्तम रौनियार जानकारी देहनी । ‘कार्यादेश लेके गईल बाडन, माकिर धान खरिद कईल जानकारी हमनी के करवले नइखन’ उ कहनी ।

सरकार मोटा धान के न्यूनतम समर्थन मूल्य २ हजार ७ सय ३५ आ मोटा मसिनो के २ हजार ८ सय ८५ रोपेया प्रतिक्वीन्टल तोकले बा । समर्थन दाम मे धान किनेवाला निकाय ना भईला से किसान सस्ता मे हि धान बिक्री करत आईल बाडन ।

किसानलोग २१ सय से २३ सय रोपेया प्रतिक्वीन्टल मे धान बिक्री कर रहल बाडन । ५ गो सहकारी सरकारी समर्थन मूल्य मे धान खरिद करेके भईला के बाद उ क्षेत्र के किसान खुसी भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।