कांग्रेस के प्रदेश २ के अधिवेशन मे मारामारी

जनकपुरधाम ७ पुस
नेपाली कांग्रेस के प्रदेश २ समिति के मतदान के विषय के लेके दु समूहबीच झडप भईल बा । सभापति के उम्मेदवार कृष्ण यादव आ रामसरोज यादव पक्षबीच मारामारी भईल बा ।
जनकपुरधाम मे हो रहल अधिवेशन मे संस्थापन पक्ष के उम्मेदवार कृष्ण यादव बुध के दिने हि मतदान करेके आ विमलेन्द्र निधि पक्ष के उम्मेदवार रामसरोज यादव बियफे के खातिर निर्वाचन लेजाएके कहला के बाद विवाद भईल बा ।
उ समय मे भईल मारामारी मे कांग्रेस के कुछ कार्यकर्ता घायल भईल बाडन । निर्वाचन समिति प्रदेश २ मे बुध के दिने हि निर्वाचन करेके कार्यतालिका सार्वजनिक कईले रहे ।
दु पक्षबीच मारामारी भईला के बाद बुध के खातिर निर्वाचन कार्जक्रम स्थगित भईल बा । अब बियफे के सबेरे ८ बजे से मतदान होखेके निर्वाचन समिति के संयोजक प्रल्हाद गौतम जानकारी देहनी ।






