स्रोत ना खुलल १६ लाखसहित बारा से भारतीय नागरिक पकडईलें

बारा ०९ पुस

पुलीस स्रोत ना खुलल नगद १६ लाख रोपेया सहित एक जने भारतीय नागरिक के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे भारत बिहार पूर्वी चम्पारण आधारपुर रहेवाला २२ बरीस के रन्देश कुशवाहा रहल बाडन । बिआर २२ एन ५०१४ नम्बर के मोटरसाइकल मे सबार उनका के कलैया उपमहानगरपालिका–१० मटिअर्वा नहर चोक से बियफे के सबेरे पुलीस पकडले बा ।

उनकर साथ से पुलीस १ हजार दर के १ हजार ३ सय थान आ ५ सय दर के ६ सय थान करके जम्मा १६ लाख रोपेया बरामद कईले बा ।

पकडाईल उलोग उपर आउर अनुसन्धान होरहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।