प्लान स्टार सानो संसार के साबुन बनावेवाला तालिम पुरा

वीरगंज १० पुस
प्लान स्टार सानो संसार क्षेत्रिय कार्यालय वीरगंजद्धारा सञ्चालित साबुन बनावेवाला ७ दिने तालिम आजु पुरा भईल बा ।
संस्था के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ ईनर्वा के सभाहल मे सञ्चालित साबुन बनावेवाला ७ दिने अभिमुखिकरण तालिम के सभापन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पर्सा क्षेत्र नं. ३ के निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार तालिम मे सिखल ज्ञान शिप के व्यवहार मे उतारे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
समापन कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता रौनियार तालिम मे सहभागी जनानी तथा पुरुषलोग के सहभागीता के प्रमाणपत्र वितरण करत जनानीलोग के पुरुष से कमजोर ना मान के सम्मान रुप से व्यवहार करे खातिर निहोरा कईनी । जनानीलोग भी पुरुष जईसन डाक्टर, पाईलट, वकिल, नेतृ बनेमे सफल होत गईल चर्चा करत शिप सिखके स्वरोजगार होखे खातिर निहोरा कईनी । जनानीलोगके घरायसी काम मे मात्र ना लगाके गाँव समाज मे शिप सिखाके आत्मनिर्भर बनावे खातिर घर के सदस्य से भी सहजोग करेके बात मे जोड देहनी ।
उ अवसर मे पकहाँ मैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष विजय चौरसिया इहाँ सिखल सिपसब के बजारीकरण करे खातिर खुद सकेभर सहजोग करेके बतवनी । सिप सिखके बनावल अनेकन सामानसब के खुद पालिका से खरिद करके जनानीलोग के आय आर्जन मे प्रोत्साहन करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
संस्था के क्षेत्रिय प्रमुख श्याम चौधरी के कार्जक्रम के अध्यक्षता करत तालिम सिखके आवेवाला दिन मे स्वरोजगार होके खुद आ दोसर के भी स्वरोजगार आ आत्मनिर्भर बनावल संस्था के मुख्य उदेश्य रहल बतवनी ।
उ अवसर मे प्रदेशसभा सदस्य करिना बेगम, लोसपा के नेता शिव पटेल, लोसपा वीरगंज के नगरअध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ लगायत के नेतालोग तालिम मे सिखल सिप ज्ञान के व्यवहार मे लागु करत आय आर्जन करके स्वरोजगार बने खातिर निहोरा कईला के साथे खुद सिखल सिप ज्ञान के आपन गाँव समाज के आदमीसब के भी सिखावे खातिर निहोरा कईले रहलन ।





