खाद आपूर्ति मे गम्भीर बने खातिर प्रदेश २ सरकार के निहोरा

जनकपुरधाम ८ असाढ

प्रदेश २ के भूमी व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय किसान के खातिर खाद के व्यवस्था करे खातिर संघीय सरकार के ध्यानकर्षण करवले बा ।

मन्त्रालय सोमार के दिने जारी कईल प्रेस विज्ञप्ति मे कहल बा, “देश के कुल उत्पादन मेसे ३० से ४० प्रतिशत तक धान उत्पादन होखेके प्रदेश २ मे अभी तक करिब २० प्रतिशत धान रोपाइँ भईल आ अब के कुछ दिन मे मनसुन सक्रिय होखेवाला भईला से रोपाइँ के समय पर्याप्त परिमाण मे डीएपी आ युरिया मल जरुरी होखी ।”

देश मे हरेक बरीस ७ लाख मेट्रिक टन खाद जरुरी रहला मे ३ लाख मेट्रिक टन प्रदेश २ के मात्र जरुरी भईला से खाद आपूर्ति मे आउर गम्भीरता अपनावे खातिर विज्ञप्ति मार्फत मन्त्री शैलेन्द्र साह निहोरा कईले बाडन । उ कहनी कि, ई बात के बोध संघीय सरकार के भी भईला मे हम विश्वस्त बानी ।

मन्त्री साह खाद के उपलब्धता के खातिर खाद कारखाना स्थापना करे खातिर भी संघीय सरकार से निहोरा कईले बा ।

प्रदेश २ मे धानबाली के खातिर मात्र करिब १ लाख मेट्रिक टन खाद जरुरी रहला से अभी संघ सरकार प्रदेश २ के उपलब्ध करावेवाला मल पर्याप्त ना होखेके निश्चित रहल जनावत बिज्ञप्ती मे कहल बा, “रोपाइँ के बाद उपर से छिटेके समय मे आउर बेसी खाद के जरुरत पडेला । ई विषय मे भी हमनी संघ प्रशासन के सरोकारबालालोग के जानकारी करवले बानी ।”

एकरा से पहिले संघ सरकार अनेकन लट मे आपूर्ती कईल खाद प्रदेश २ मे कम आईल आ अब के लट मे आवेके कहल १२ हजार मेट्रिक टन खाद प्रदेश २ मे खपत करावे के व्यवस्था के खातिर विज्ञप्ति मार्फत निहोरा कईल बा ।

“डीएपी, युरिया आ पोटास भण्डारण करके बेसी दाम मे बिक्री बितरण करेवाला के पहिचान करके किसान के तोकल दाम मे सरल आ सहज तरिका से खाद उपलब्ध करावे खातिर संघीय गृह प्रशासन के गम्भीरता जरुरत बा” विज्ञप्ती मे कहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।