हिन्दू परिषद् नेपाल के राष्ट्रिय सम्मेलन एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम पुरा

वीरगंज १० पुस

हिन्दू परिषद नेपाल शुक से सोल्टी गार्डेन होटल एण्ड पार्टी पैलेस वीरगंज मे आयोजना कईल राष्ट्रिय सम्मेलन एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम शनिचर के दिने एक भव्य समारोह के बीच पुरा भईल बा ।

शनिचर से सबेरे से भईल प्रशिक्षण कार्जक्रम मे भारत के मधुमुनि गुरु, पूर्व डिआईजी कृष्णभत्त ब्रह्मचार्य, हिन्दूवादी अगुवा डा. चिन्तामणी योगी, शंकर खराल, दिपक महाराज आतरे, श्रीनिवास गुरु लगायत के लोग आपन आपन अनुभव आदानप्रदान कईला के साथे प्रशिक्षण देहले रहनी ।

प्रशिक्षण कार्जक्रम मे प्रशिक्षकलोग आपन धर्म आ राष्ट्र के सर्वोच्च शिखर मे राख के आपन आपन क्षेत्र से लागे खातिर निहोरा कईले रहनी । विश्व मे एक मात्र हिन्दू राष्ट्र नेपाल रहला मे कुछ विदेशी दलाललोग नेपाल के धर्मनिरपेक्ष राष्ट्र बनावल अरोप लगवलें रहलन । अब जलदी हि नेपाल हिन्दू राष्ट्र बनावे खातिर हमनी सभी मिलके हिन्दू बिरोधी गतिविधि करेवाला उपर कडा निगरानी करे खातिर निहोरा कईनी । हिन्दू धर्म केहु से सिखावे से भी आपन घर, परिवार समाज मे मानत आईल हिन्दू धर्म के मजबुत बनावे खातिर हमनी सभी हरेक दिन आपन गुरु, माई बाबु से आपन धर्म संस्कृति के बारे मे सिखल जरुरी रहल बतवनी ।

नेपाल के अधिकांश स्कूलसब मे क्रिश्यचन विद्यार्थीलोग ना रहला पर भी क्रिश्मस दिवस मनावे खातिर अनेकन कार्जक्रम सब कर रहल बाडन माकिर हिन्दू धर्म के हजारो लाखो विद्यार्थीसब रहला पर भी हिन्दू धर्म के बारे मे कउनो भी कार्जक्रम ना भईल दुःखद रहल बतवनी । अभिभावकलोग भी आपन बालबच्चा पढेवाला स्कूल मे आपन धर्म संस्कृति के रक्षा करे खातिर समय समय मे हिन्दू धर्म संस्कृति के बारे मे जनचेतना एवं कार्जक्रमसब करे खातिर स्कूल व्यवस्थापन पक्ष के दबाव देवे खातिर निहोरा कइले रहलन ।

नेपाल मे ८२ प्रतिशत ओमकार हिन्दू समुदाय रहला पर भी हिन्दू धर्मावलम्बीलोग आपन धर्म संस्कृति के रक्षा के खातिर अईसन प्रशिक्षण कार्जक्रमसब करे खातिर सुझाव देहले रहलन ।

प्रशिक्षण कार्जक्रम के बाद हिन्दू धर्म संस्कृति मे योग्दान पुगावल परिषद् के नगर, जिल्ला, प्रदेश आ केन्द्रिय समिति के पदाधिकारी सदस्यलोगके सम्मान कईल रहे । साथे हिन्दू धर्म संरक्षण मे योग्दान पुगावल आ पुगावत आईल करिब १५० आदमी आ संघसंस्थासब के भारत के मधुमुनि गुरु, पूर्व डिआईजी कृष्णभत्त ब्रह्मचार्य, हिन्दूवादी अगुवा डा. चिन्तामणी योगी, शंकर खराल, दिपक महाराज आतरे, श्रीनिवास गुरु, कालि माता, आरती माता, साबित्रि माता, बरिष्ठ समाजसेवी जगरनाथ प्रसाद कुर्मी, परिषद के केन्द्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल लगायत के गुरु एवं अतिथिलोग गम्छा, अबिर टिका आ कदर पत्र से सम्मानित कईले रहलन ।

परिषद् के जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल कार्जक्रम मे शान्दर्भिक भनाई राखत समापन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।