टिहुकी मे निःशुल्क आँखा स्वास्थ्य शिविर

पोखरिया ०६ फागुन,
पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं २ समभौता के टिहुकी मे आजु निःशुल्क आँखा स्वास्थ्य शिविर पुरा भईल बा ।
माट्रिका आई फाउन्डेसन वीरगंज के प्राबिधिक सहजोग आ नेपाल मुस्लिम उथान संघ के आयोजना मे भईल निःशुल्क आँखा शिविर मे ३ सय जने आँखा चेकजाँच करवले रहलन । जउना मेसे १ सय ३८ जने मे मोतिया बिन्दु मिलल आयोजक संस्था जनवले बा ।
शिबिर मे निःशुल्क दवाई भी देहल गईल आ मोतिया बिन्दु मिलल लोग के निःशुल्क अप्रेशन भी करेके आयोजक संस्था जनवले बा ।
वार्ड नं २ के अध्यक्ष महेन्द्र कलवार के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल मुस्लिम उत्थान संघ के अध्यक्ष सुभन मियाँ, फरयाद मियाँ, अफरोज मियाँ, अबदुल मियाँ, रामजी साह कलवार, जुमन मियाँ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
निःशुल्क आँखा शिबिर मे माट्रिका आई फाउन्डेसन के डाक्टर सुरत चौधरी, राजेश चौधरी, अन्जना घिमरे, अर्जुन कुमार लगायत के टीम आँख चेकजाँच कईले रहे ।
शिबिर मे मोतियाबिन्दु रोगीलोग के १८ गते निःशुल्क अप्रेशन करावे के आयोजक संस्था जनवले बा ।






