७ दिन से किसान आन्दोलन जारी

प्रभु यादव
बारा २३ पुस
बारा जिल्ला मे जनमत पार्टी से सात दिन से किसान आन्दोलन करते आईल पत्रकार सम्मेलन कर के जनकारी करावले बाडन ।
पार्टी के बारा कार्यवाहक अध्यक्ष विनोद यादव पत्रकार सम्मेलन मे जनकारी देत किसान आन्दोलन केन्द्रीय आदेश के मुताविक कईल जारहल बतावले बानी । जनमत पार्टी के जिल्ला समन्वय समिति के अगुवाई मे किसान आन्दोलन कईल जारहल बा ।
सुक के दिन कलैया मे कर के भरत चौक पर कोण सभा करे के जनकारी करावले बानी । सनिचर के दिन पथलैया मे ४ घण्टा राजमार्ग पूर्णरूप से बन्द कर के आवत जावत थप करे के कार्जक्रम रहल बा । किसान सब के।मलखाद सुलभ पूर्ति, किसान राहत कार्ड के व्यवस्था, खेती विमा निशुलक करे के माग राख के आन्दोलन करहल यादव जनकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम मे केन्द्रीय प्रचार प्रसार विभाग प्रमुख सुरेश साह केन्द्रीय सदस्य रामबाबु साह, जिल्ला समन्वय समिति के कोषाध्यक्ष हरि प्रसाद कुर्मी, दलित जनमत अध्यक्ष विकी पासवान लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
शान्तिपूर्ण किसान आन्दोलन कईल जारहल बा सभे किसान के सहभागिता बढ रहल बा ।






