बौद्धिमाइ नगरपालिका भितर के सार्वजनिक जगहा मे लकडी के व्यवस्था

मेवालाल यादव
रौतहट २३ पुस
रौतहट के बौद्धिमाई नगरपालिका नगरपालिका भितर के अनेकन सार्वजनिक जगहा मे सर्वसाधारण के आगी तापे खातिर लकडी के व्यवस्था कईले बा ।
कुछ दिन से बढल ठण्डी से नकारात्मक प्रभाव परे लागला के बाद बँचे खातिर बौधिमाइ नगरपालिका के नगर प्रमुख राजिव रन्जन यादव लकडी के व्यवस्थापन कईले बानी । मुख्य सडक, चौक, सरकारी कार्यालय, लगायत के जगहा मे आगी तापे खातिर लकडी के व्यवस्था कईल नगर प्रमुख यादव बतवनी ।
बौद्धिमाइ नगरपालिका मे रहल सरकारी कार्यालय मे काम करावे खातिर बाहर से आवेवाला सेवाग्राही के खातिर लकडी व्यवस्थापन कईला के बाद सेवाग्राहीलोग खुसी भईल बतवले बाडन ।
मोटरसाइकल चलावेवाला के जाडा मे समस्या होखेवाला भईला से तेजी मे सवारी साधन ना चलावेके तथा बुढ एवं लईकालइकी के गर्मी देवेवाला कपडा पहिनावे खातिर भी यादव निहोरा कईले बानी ।
लईकालइकी, बुढलोग के जाडा मे बेसी जोखिम रहला से सुरक्षित राखेके चिकित्सकलोग सुझाव देहले बाडन । बर्षात के बाद निरन्तर रुप मे चल रहल हावा के चलते बढल जाडा से जनजीवन प्रभावित होत गईल बा ।






