नेपाल बीमा प्राधिकरण आ सञ्चारकर्मी सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा
नेपाल बीमा प्राधिकरण आ सञ्चारकर्मी सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा
वीरगंज २९ चईत
नेपाल बीमा प्राधिकरण के अध्यक्ष सूर्य प्रसाद सिलवाल मधेश प्रदेश मे बीमा साक्षरता के पहुँच बढावेके बात मे जोड देहले बानी ।
प्राधिकरण बियफे के दिने वीरगंज के होटल मकालु मे आयोजना कईल सञ्चारकर्मीलोग सँगे के बतकही मे अध्यक्ष सिलवाल आउर प्रदेश के बराबरी मे मधेश मे अभी भी बिमा साक्षरता कमजोर रहला से बीमा से जोखिम वहन करेला कहके सन्देश आमसर्वसाधरणमा पुगावेके बात मे जोड देहनी ।
लम्हर समय से बीमा से आकर्षण कम भईल बतावत उ बीमा के समायावधि ५ बरीस तक के होखेके बिचार रखनी । सिलवाल सामाजिक सुरक्षा भत्ता के कुछ रोपेया से बीमा करेवाला आदत के विकास करेके बात मे जोड देहनी ।
देशभर मे ४४ प्रतिशत बीमा बजार के हिस्सा रहला मे मधेश प्रदेशभर जम्मा ९ प्रतिशत वीमा बजार मात्र रहल बतवनी । मधेश मे जनचेतना के कमी आ बीमा सम्बन्ध मे सर्वसाधारण के विश्वसनीयता मे कमी अईला के चलते अईसन अवस्था आईल वीमा प्राधिकरण के निर्देशक दिनेश कुमार लाल बतवनी ।
नेपाल के अर्थतन्त्र के मेरुदण्ड के रुप मे रहल बीमा व्यावसाय मे सात प्रदेश से मधेस प्रदेश बहुते कमजोर मिलला से बीमा साक्षरता बढावे खातिर सञ्चार माध्यमसब के महत्वपूर्ण भूमिका रहेवाला भईला से सञ्चारकर्मीलोग से प्राधिकरण बतकही कईल प्राधिकरण मधेश प्रदेश के प्रमुख कुशुम शर्मा बतवनी ।
वीमा व्यावसाय आ बजार प्रवद्र्धन मे सञ्चार माध्यमसब के सरकारात्मक भूमिका रहेवाला भईला से मेधश प्रदेश मे बीमा सम्बन्धी समाचारसब भी कम आईल मिलल प्राधिकरण के निर्देशक लाल बतवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ बारा के अध्यक्ष रेशम तिवारी, पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खड्का लगायत पर्सा आ बारा के सञ्चारकर्मीलोग आ अनेकन वीमा कम्पनी के प्रदेश प्रमुख आ शाखा प्रमुखलोग के सहभागिता रहल रहे ।