वीरगंज मे भारतीय नागरिक के लास मिलल

वीरगंज २३ पुस

वीरगंज मे एक पुरुष के लास मिलल बा ।भारत कलकत्ता घर भईल वीरगंज–३ रहेवाला ४८ बरीस के मुख्तार मिया के लास मिलल बा । मिया चार महिना से वीरगंज मे इलेक्ट्रिक रिक्सा चलावत आईल रहे ।

नारायणी बयोधा अस्पताल के पछाडि वीरगंज–२३ इटिहायीस्थित कुलो मे बियफे के दुपहरिया मिया के लास मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । कार्यालय के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल के मुताविक कुलो मे घोप्टो परल अवस्था मे उनकर लास मिलल बा ।

स्थानीय लास देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन । स्थानीय पहिचान करे ना सकला के बाद पुलीस घटनास्थल के निरीक्षण करके मुचुल्का करके पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठवले रहे । बाद मे मात्र उनकर पहिचान खुलल पुलीस जनवले बा । ई–रिक्सा चलावेसे पहिले उ छाला उद्योग मे मजदुरी करत रहलन । उ बुध के दिने ६ बजे से हि ई–रिक्सा सहित भुलाईल रहलन ।

मुडि मे चोट लागल आ घटनास्थल आरीपाछि खुन के टाटा देखल गईला से कर्तव्य करके मारल हो सकेके आशंका पुलीस कईले बा । पुलीस नायब उपरीक्षक खनाल पोष्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद मृत्यु के कारण खुलेके बतवनी ।

‘लास मिलल जगहा के आरीपाछि घर नईखे, एकदमे एकान्त स्थान बा,’ कहत उ ‘मुडि मे चोट लागल आ घटनास्थल आरीपाछि खुन के टाटा देखल गईल बा । कर्तव्य करके भी मारल भी हो सकता ।’ घटना के बारे मे आउर अनसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।