४३ नमुना जीन सिक्वेन्सिङ के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल

वीरगंज २३ पुस
वीरगंज मे पुस दुसरका हप्ता से कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण तेजी रुपमे फईले लागल बा । कोरोना फईलला सँगे संक्रमित मे कोरोना के नयाँ भेरियन्ट ओमिक्रोन भईल ना भईल पुष्टि करे खातिर स्वाब नमुना संकलन करके जीन सिक्विन्सिङ के खातिर काठमाण्डु पठावे लागल बा ।
पुस ९ एने से शुक के दिन सबेरे तक वीरगंज से ४३ गो स्वाब नमुना जीन सिक्विन्सिङ के खातिर काठमाण्डु के टेकुस्थित राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल आ वीरगंज नाका मे सञ्चालित हेल्थ डेस्क से करके ४३ गो स्वाब नमुना जीन सिक्विन्सिङ के खातिर टेकु मे पठावल गईल बा । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला प्रमुख सुक्ष्मजीव विज्ञ डाक्टर प्रभाकर पाण्डे के मुताविक वीरगंज नाका मे सञ्चालित हेल्थ डेस्क से ३२ नमुना आ नारायणी अस्पताल से ११ गो करके ४२ नमुना काठमाण्डु पठावल गईल बा ।
नाका के हेल्थ डेस्क मे भारत से प्रवेश करेवाला के एन्टिजेन परीक्षण आ नारायणी अस्पताल मे पीसीआर परीक्षण होत आईल बा । नाका के हेल्थ डेस्क एन्टिजेन परीक्षण से कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला से स्वाब नमुना जीन सिक्विक्सिङ के खातिर पुस ९ गते से प्रदेश स्वास्थ्य निर्देशनालय सँगे समन्वन करके काठमाण्डु पठावत बा ।
माकिर, पुस २२ गते से नाका के हेल्थ डेस्क मे संक्रमण पुष्टि भईललोग के स्वाब नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला काठमाण्डु पठावे लागल प्रयोगशाला प्रमुख डाक्टर पाण्डे जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले पुस ९ से २१ तक नाका के हेल्थ डेस्क जीन सिक्विन्सिङ के खातिर काठमाण्डु मे पठावल सभी १५ गो नमुना मे कउनो मे भी ओमिक्रोन के भेरियन्ट ना मिलल हेल्थ डेस्क मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी सुमनचन्द्र ठाकुर जानकारी देहनी ।
अस्पताल के प्रयोगशाला प्रमुख डाक्टर पाण्डे के मुताविक नेपाल मे ओमिक्रोन भेरियन्ट पत्ता लगावे खातिर जीन सिक्विन्सिङ खातिर परीक्षण काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे मात्र होत आईल बा ।
शुक के सबेरे मात्र ९ जने मे संक्रमण मिलल
वीरगंज नाका मे शुक के सबेरे मात्र ९ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण मिलल बा । भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला मुख्य नाका वीरगंज के इनर्वा मे सञ्चालित हेल्थ डेस्क मे शुक के सबेरे १५६ जने के एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण पुष्टि भईल सभी ९ जने भारतीय नागरिक हउवन । ३५ से ६० बरीस उमिर समूह के उलोग सभी कोरोनाविरुद्ध के खोप लगावल हेल्थ डेस्क इन्चार्ज डाक्टर अनिषा महतो बतवनी ।
डाक्टर महतो के मुताविक सभी जने शुक के दिने वीरगंज घुमे आ सँझिया फेनु भारत हि फिर्ता होखेके अभिप्राय से नेपाल आईल रहलन ।
नाका के हेल्थ डेस्क मे एकरा से पहिले बियफे के दिने ३६० जने के एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बियफे के दिने काठमाण्डु, नवलपुर आ चितवन के १÷१ जने करके ३ जने नेपाली आ ३ भारतीय करके ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर महत्तो बतवनी ।
नाका के हेल्थ डेस्क मे ई पुष महिना मे १५ दिन (पुष ९ से २३ गते तक) मे मात्र ३२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । पुष के १५ दिन मे नाका के हेल्थ डेस्क मे २ हजार ४ सय ९९ जने के एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ३२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर महत्तो जानकारी देहनी । उ मेसे ७ जने नेपाली आ बाँकी २५ जने भारतीय हउवन् । दुसरका लहर के बाद एकरा से पहिले कातिक २३ आ कुवार १८ मे करके २ जने मे मात्र संक्रमण मिलल रहे । नाका के हेल्थ डेस्क मे कईल परीक्षण मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल भारतीय के सिमावर्ती रक्सौल के भारतीय पुलीस सँगे समन्वय करके नाका से भारत ओरी पठावल जाला ।
संक्रमण पुष्टि भईल नेपाली नागरिक के होम आइसोलेसन मे रहेवाला किसिम से सम्बन्धित पालिका से समन्वय करके गाडी रिजर्भ करके पठावत आईल डा. महतो बतवनी ।
नारायणी अस्पताल मे भी पिछिलका हप्ता से दैनिक औसत मे ३ से ४ जने मे संक्रमण मिले लागल बा । दुसरका लहर के बाद संक्रमित शून्य के अवस्था मे पुगल वीरगंज मे पिछिलका हप्ता से दैनिक औसत मे ३ से ४ जने मे संक्रमण देखल गईल अस्पताल के वरिष्ठ चिकित्सक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
माकिर संक्रमण पुष्टि भईला मे गम्भीर किसिम के लक्षणसब ना देखल गईल बतावल गईल बा । खुल्ला सीमा जोडल भारत के बिहार सहित आउर राज्य मे ओमिक्रोन सँगे आउर भेरियन्ट के कोरोना संक्रमण तेजी मे फईले लागला के बाद ओकर असर वीरगंज मे भी देखाई देवे लागल बा ।
नाका मे आउर कडाइ आ परीक्षण के दायरा बढावे खातिर निर्देशन
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल भारत सँगे खुल्ला सीमा जुडल वीरगंज सहित जिल्ला के सभी नाका मे कडाइ कईला के साथे परीक्षण के दायरा बढावे खातिर निर्देशन देहल बतवनी ।
बियफे के दिने जिल्ला कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन केन्द्र (डीसीसीएमसी) के बईठक बईठके वीरगंज महानगर सँगे जिल्ला के आउर पालिका के भी नाका मे हेल्थ डेस्क स्थापना करके स्वास्थ्य परीक्षण सुरु करे खातिर निर्देशन देहल प्रमुख जिल्ला अधिकारी ढकाल बतवनी ।
डीसीसीएमसी के बईठक से जिल्ला के भीडभाड होखेवाला कार्यालय मे अनिवार्य मास्क प्रयोग करेके निर्णय भी कईले बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी ढकाल के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से भीडभाड होखेवाला कार्यालय मे अनिवार्य मास्क प्रयोग आ सचेतनामूलक सूचना प्रसारप्रचार करेके निर्णय कईले बा ।
बईठक से कोभिड के नयाँ भेरिएन्ट से महामारी के जोखिम बढावेके कहत पूर्वतईयारी तथा व्यवस्थापन के खातिर केन्द्र तथा प्रदेश सरकार से मिलल कोभिड कोष से मास्क, सेनिटाइजर लगायत के सामान खरिद करके वितरण करेके निर्णय भी कईले बा । एहितरे, बईठक से स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा मे रहल जोन्सन खोप के जरुरत मुताविक सभी स्थानीय तह मे पठावेके निर्णय भी बा । एहितरे, बईठक से कोभिड के नयाँ भेरियन्ट ओमिक्रोन के संक्रमण आ जोखिम के मध्यनजर करत जिल्ला के स्वास्थ्य क्षेत्र मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के जरुरी कामबाहेक लम्हर समय छुटी ना देवे खातिर सम्बन्धित कार्यालय के निहोरा कईले बा । उल्था अन्नपूर्णपोष्ट




