धोबिनी गा.पा. के अधिकृत साहद्वारा हिसाबकिता सार्वजनिक, स्थानिय कईलें समर्थन मे नाराबाजी

वीरगंज २७ पुस

पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह मंगर के दिने खुद से कईल काम के हिसाकिताब सार्वजनिक कईले बाडन । अधिकृत साह गाँवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी, उपाध्यक्ष पारस कुर्सी लगायत के जनप्रतिनिधि आ सयों स्थानिय के उपस्थिती मे हिसाकिताब सार्वजनिक कईले बाडन ।

गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी सहित के कुछ जनप्रतिनिधि गाँवपालिका के एक करोड रकम हिनामिना कईल आरोप लगईला के बाद अधिकृत साह खुद से कईल काम के खर्च एक दैनिक पत्रिका मे सार्वजनिक कईला के साथे गाँव कार्यपालिका कार्यालय अगाडी सयों के संख्या मे जम्मा भईल गाँववासी माझ लाउड स्पिकर के माध्यम से सार्वजनिक कईले रहलन ।

अधिकृत साह सार्वजनिक रुप मे हि आपन तिन महिना के कार्यकाल के हर हिसाब जनता मे सार्वजनिक करत खुद उपर लगावल भ्रष्टाचार के आरोप प्रमाणित करे खातिर जनप्रतिनिधिलोग के चुनौती भी देहनी ।

अधिकृत साह स्पष्ट रुप मे ६ महिना के समय मे १० करोड ८८ लाख ८५ हजार ६३४ रोपेया खर्च भईल हिसाब सार्वजनिक कईले रहलन ।

उ, जउना मेसे समाजिक सुरक्षा भाता ओरी ३ करोड ६० लाख ७७ हजार ३ सय ३७, सशर्त कार्जक्रम मे ३ करोड ३ लाख ६४ हजार ७ सय १५, कार्यालय, वार्ड आ बेरुजु पर्छयौट ओरी ३ करोड ७४ लाख १३ हजार ५ सय २६ रोपेया आ योजना ओरी ५० लाख ३० हजार ५६ रोपेया खर्च भईल हिसाब किताब सार्वजनिक करत, जरुरत परला पर सभी लेखाजोखा के बिल भरपाई उपलब्ध करावेके आ एमे चित्त ना बुझला पर खुद विरुद्ध सम्बन्धीत निकाय अख्तियार मे जाए खातिर सुझाव भी देहनी ।

गाँव कार्यपालिका के कार्यालय लंगडी अगाडी सयो के संख्या मे जम्मा भईल गाँववासी अधिकृत साह के समर्थन मे कडा नाराबाजी कईले रहलन । स्थानीय जनप्रतिनिधिलोग हि भ्रष्टाचार मे लिप्त रहल आरोप लगावत प्रदर्शन मे उतरला के बाद धोबिनी गाँवपालिका कार्यालय मंगर के दिने दिनभर तनावग्रस्त रहल ।

अधिकृत साह सार्वजनिक रुप मे खुद से कईल काम के खर्च सार्वजनिक कईला के बाद उ कउनो किसिम के अनियमितता ना कईल आ जनप्रतिनिधिसब झुठा आरोप लगावल कहत सयो के संख्या मे जम्मा भईल स्थानियसब आक्रोशित भईल रहलन । आक्रोशित स्थानियसब के भिड नियन्त्रण करे खातिर बहुते संख्या मे नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस खटावल गईल रहे ।

अधिकृत साह के फँसावेके खोजल आ ईमान्दार प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के सरुवा करावे के खोजल कहत सयो के संख्या मे स्थानीय प्रदर्शन करत विरोध जनवनी ।

अधिकृत साह खुद गाँवपालिका मे अईला से कईल काम के हिसाबकिताब सार्वजनिक कईला के बाद उनकर समर्थन मे गाँववासी चक्रो नाराबाजी करत एकरा से पहिले के हिसाकिताब गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी से माग कईले रहलन ।

गाँववासी के माग मुताविक गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी आपन नियन्त्रण मे लेहल गाँवपालिका के हाजरी रजिस्ट आ दर्ता चलानी किताब फिर्ता कईले रहलन । एकरा साथे अधिकृत साह के कार्यकक्ष आ लेखा शाखा मे लगावल गईल ताला भी खोलल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।