शुसासन साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि. के तिसरका साधारण सभा पुरा

वीरगंज २८ पुस

पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ३ मे रहल शुसासन साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि. के तिसरका साधारण सभा आजु एगो कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।

सस्था के अध्यक्ष प्रेम कुमारी उपाध्याय के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे संस्था के बित्तिय बिवरण, आर्थिक प्रतिवेदन तथा आय व्यय विवरण संस्था के प्रबन्धक बबिता कुमारी यादव प्रस्तुत कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे उत्कृष्ट ऋणी संता कुमारी तामाङ्ग, घुटुर देवी, उत्कृष्ट बचतकर्ता समुह ३२ के सभी सदस्य, संस्था के समाजिक सुमन यादव लगायत के पुरस्कार सहित सम्मान कईल गईल रहे ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पर्सागढी नगरपालिका के प्रमुख लोकनारायण यादव, बिशिष्ट अतिथि नगर उप प्रमुख अर्चना चौधरी, वार्ड अध्यक्ष उद्धव उप्रेती, समसुदिन साह देवान, वार्ड सदस्य अरुण प्रसाद रेग्मी, सुनखरी सहकारी संस्था लि. के अध्यक्ष सरस्वती भट्टराई, रन्जु अधिकारी, टिका श्रेष्ठ, भागवती शर्मा, अर्जुन नेपाल लगायत के लोग संस्था के उत्तरोतर प्रगति के कामना करत शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।

संस्था के उप प्रमुख सिर्जना कुमारी गुरागाईं से स्वागत मन्तव्य राखल कार्जक्रम के सहजीकरण संस्था के लेखापाल मनोज यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।