वीरगंज मे १४१ जने के परीक्षण कईला पर ७८ जने मे संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०६ बैशाख

वीरगंज मे सोमार के सँझिया आउर ७८ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे सोमार के सँझिया १४१ जने के स्वाब नमूना परीक्षण कईला पर ७८ जने मे संक्रमण मिलल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटेर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।

७८ संक्रमित मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र ६२ जने बाडन । ई मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र ५२ जने संक्रमित रहल डाक्टर दास जानकारी देहनी । पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका के ३ जने, ठोरी आ पकाहामैनपुर गाँवपालिका के २÷२ जने तथा विन्दवासीनी, सखुवा प्रसौनी आ कालीकामाइ गाँवपालिका के १÷१ जने मे भी संक्रमण मिलल बा ।

एहितरे बारा जिल्ला के १२ जने, सर्लाही जिल्ला के २ जने तथा बाँके आ काठमाण्डु के १÷१ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर दास जानकारी देहनी । वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे एतवार के रात ९६ जने के परीक्षण कईला पर ६१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

वीरगंज मे पिछिलका १० दिन के समय मे (चईत २७ से बैशाख ६ गते तक) मात्र ३ सय ९० जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन । वीरगंज मे पिछिलका एक हप्ता एने हरेक दिन होत आईल परीक्षण करावलल मेसे आधा मे कोरोना संक्रमण मिलल बा । सोमार के सँझिया के परीक्षण मे भी परिक्षण करावल मेसे आधा से बेसी मे संक्रमण मिलल बा ।

वीरगंज मे अभी ३२ जने संक्रमित अस्पताल मे ईलाज करा रहल बाडन । नारायणी अस्पताल मे २३ जने आ बयोधा अस्पताल मे ९ जने संक्रमित ईलाज करा रहल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटेर डाक्टर दास जानकारी देहनी ।

नारायणी अस्पताल मे १७ जने संक्रमित आइसियु मे आ ६ जने संक्रमित आइशोलेसन वार्ड मे ईलाज करा रहल उ बतवनी । वीरगंज मे संक्रमण पुष्टि भईल कोरोना के सामान्य लक्षण भईल संक्रमितलोग के होम आइशोलेसन मे पठावल गईल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।

कोरोना संक्रमण के चलते पिछिलका एक हप्ता मे पर्सा आ बारा के ५ जने ज्यान भी गँवईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।