ओमिक्रोन के संक्रमण रोकथाम के खातिर तइयारी अवस्था मे रहे लाय मुख्यमन्त्री राउत के निर्देशन

जनकपुरधाम २९ पुस

प्रदेश–२ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोभिड–१९ के नयाँ भेरियन्ट ओमिक्रोन से प्रदेश २ के भी नोक्सानी करे सकेके कहत एकर रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर तइयारी अवस्था मे रहला के विकल्प ना रहल बतवले बानी ।

मुख्यमन्त्री निवास मधेश भवन मे आजु भईल प्रदेश कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन केन्द्र (पीसीसीएमसी) के बईठक के सम्बोधन करत मुख्यमन्त्री राउत कोरोना के सम्भावित तिसरका लहर से बँचे खातिर तईयारी अवस्था मे रहे खातिर सरोकारवाला के निर्देशन देहनी ।

ओमिक्रोन भेरियन्ट सँगे लडे खातिर प्रदेशस्थित स्वास्थ्य संस्थासब के अवस्था तथा आवेवाला दिन मे करेवाला तइयारी के विषय मे छलफल करे खातिर बईठक के आयोजना कईल रहे ।

बईठक के सहभागीलोग प्रदेशभर रहल सरकारी अस्पताल के अवस्था, कोभिड–१९ सँगे लडे खातिर जरुरी उपकरण, किट लगायत के सामानसब के उपलब्धता तथा आवेवाला दिन मे व्यवस्था करेवाला सामानसब के बारेमे ब्रिफिङ कईले रहलन ।

बईठक मे प्रदेश सरकार के मन्त्रीलोग के साथे सुरक्षा निकाय के प्रमुखसब, स्वास्थ्य से सम्बन्धित निकाय के प्रमुखसब, विज्ञसब सहित के उपस्थिति रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।