पुरस्कार वितरण समारोह चार पत्रकार संगठनद्धारा बहिस्कार

वीरगंज २९ पुस
स्व. गोपाल गिरी क्रियाशिल पत्रकारिता पुरस्कार वितरण समारोह चार पत्रकार संगठन बहिस्कार करेके जनवले बा ।
प्रेस युनियन पर्सा, प्रेस सेन्टर पर्सा, समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा आ राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा आजु संयुक्त रुप मे प्रेस विज्ञप्ती जारी करत माघ १ गते शनिचर के दिने होखेवाला पुरस्कार वितरण समारोह बहिस्कार करेके जनवले बाडन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा से वितरण करेवाला पुरस्कार के खातिर छनौट भईल आदमीसब प्रक्रिया हि ना पुगाके महासंघ पर्सा शाखा बल–मिच्याई कईल आ पुरस्कृत होखेवाला आदमीसब के हक मे पूर्णतः प्रेस चौतारीकरण कईला से पुरस्कार वितरण समारोह बहिस्कार करेके निर्णय कईल प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष रामनारायण कुर्मी बतवनी ।
महासंघ के सुधार करेके, जरुरी प्रक्रिया पूरा करे खातिर सञ्चार सम्वद्ध चार संगठन अगहन २० गते सयुक्त रुप मे प्रेस विज्ञप्ती जारी करत निहोरा कईला पर भी कउनो वास्ता ना कईला से पुरस्कार वितरण समारोह बहिस्कार करेके निर्णय कईल प्रेस सेन्टर पर्सा के अध्यक्ष दिपक गौतम बतवनी ।
विज्ञप्ती मार्फत खुदसब महासंघ के निर्णय सँचियावे खातिर निहोरा कईला पर भी महासंघ पर्सा शाखा कउनो किसिम के वास्ता हि ना कईला से कार्जक्रम बहिस्कार करके पुरस्कार वितरण के समाचार ना लिखेके निर्णय कईल समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेल बतवनी ।
विज्ञप्ती मार्फत चार संगठन पुरस्कार वितरण समारोह वहिस्कार करेके सामुहिक निर्णय कईल जनावत उहे मुताविक आपन संगठन सम्वद्ध पत्रकारलोग के उ पुरस्कार वितरण समारोह मे सहभागी ना होके सांकेतिक विरोध जनावे खातिर निहोरा कईले बाडन ।






