हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस मे डा. यादव के एकलौटी राज, विधिविधान मुताविक क्याम्पस सञ्चालन करे खातिर नेविसंघ के माग

वीरगंज ०२ माघ
नेपाल विद्यार्थी संघ वीरगंज के हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस के सामुदायिक क्याम्पस के विधिविधान मुताविक सञ्चालन करेके माग कईले बा । नेविसंघ एतवार के दिने क्याम्पस प्रमुख डाक्टर भगवान यादव के ७ बुँदे माग सहित के ज्ञापनपत्र भी बुझवले बा ।
हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस, सामुदायिक क्याम्पस भईला पर भी स्थापनाकाल से सामुदायिक क्याम्पस के विधिविधान मुताविक संचालन ना भईला से एतवार के दिने ७ सुत्रीय माग सहित के ज्ञापनपत्र क्याम्पस प्रमुख यादव के बुझावल नेविसंघ के इकाइ सभापति मनोज साह बतवनी ।
वीरगंज के उद्योगपति एंव समाजसेवी बिहारीलाल खेतान आपन बेटा हरि खेतान के स्मृति मे विक्रम संवत २०३८ साल मे त्रिवि विश्वविद्यालय से सम्बन्धन लेके सामुदायिक क्याम्पस के रुप मे हरिखेतान क्याम्पस स्थापना करके सञ्चालन मे लिआईल रहलन ।
ओकरा बाद उ क्याम्पस, समुदाय से हि सञ्चालन करेवाला किसिम से हस्तान्तरण कईला के बाद करिब साढे ३ दशक से भगवान यादव नीजी क्याम्पस के रुप मे एकलौटी करके सञ्चालन करत आईल बाडन । नेविसंघ ज्ञापनपत्रमार्फत सरकारी क्याम्पस के जईसन हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस के क्याम्पस प्रमुख हरेक ३÷३ बरीस मे परिवर्तन होखेके माग कईले बा । एहितरे सामुदायिक क्याम्पस भईला से कुल विद्यार्थी भर्ना संख्या के २० प्रतिशत विधार्थी के अनिवार्य रूप मे निःशुल्क छात्रवृत्ति देवेके माग नेविसंघ के बा ।
एहितरे वीरगंज विश्वविद्यालय स्थापना के नाम मे एक दशक से संकलित करोडो रोपेया के हिसाबकिताब, क्याम्पस प्रमुख यादव से सार्वजनिक ना करके अनियमितता कईल नेविसंघ के आरोप बा ।
उ रोपेया के हिसाब भी पारदर्शीरुप मे सार्वजनिक करेके माग नेविसंघ के बा । क्याम्पस मे कर्मचारी भर्ना के प्रक्रिया तथा अभी कार्यरत कर्मचारीलोग के सन्चय कोष आ समाजिक सुरक्षा कोष के रकम कट्टा कईला पर भी सम्बन्धित कार्यालय मे दाखिला ना कईल कहत नेविसंघ ओकर भी विवरण आ कारण सार्वजनिक करेके माग कईले बा ।
हरिखेतान क्याम्पस दाता से समुदाय मे हस्तान्तरण भईला के बाद अभी तक क्याम्पस व्यवस्थापन समिति गठन ना कईला के चलते भी सार्वजनिक करे खातिर नेविसंघ माग कईले बा । क्याम्पस मे करोडो के लागत मे निर्माण हो रहल छात्रावास भवन मे सम्झौता अनुसार के गुणस्तरीय निर्माण सामान के प्रयोग ना भईल नेविसंघ आरोप लगवले बा । ई ७ सुत्रीय माग ३ दिन भितर क्याम्पस प्रशासन पुरा ना कईला पर सशक्त आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी भी देहल गईल नेविसंघ इकाइ कमिटि के सभापति बतवनी ।
एहितरे एतवार के दिने ज्ञापनपत्र बुझावे खातिर क्याम्पस मे गईला पर क्याम्पस प्रमुख यादव ज्ञापनपत्र लेवेके ना मानल आ ज्ञापनपत्र फारेके कोशीश भी कईल साह बतवनी । साह कहनी, ‘क्याम्पस प्रमुख सुरु मे ज्ञापनपत्र हि लेवेके ना मनलन, विवाद कईलन, ओकरा बाद जबरजस्ती क्याम्पस प्रमुख यादव के ज्ञापनपत्र देके अईनी, ओकरा बाद पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी के भी ओकर बोधार्थ प्रतिलिपी बुझावल गईल । एने क्याम्पस प्रमुख यादव विधिविधान मुताविक हि क्याम्पस सञ्चालन हो रहल दाबी कईनी । यादव बाहर के विद्यार्थी ज्ञापनपत्र लेके अईला से खुद ना लेहल बतवनी । यादव कहनी, ‘बाहर के विद्यार्थी आके हल्लीखल्ली कईले रहलन, हम कउनो वास्ता हि ना कईनी । ज्ञापनपत्र काहे फरनी कहके सवाल मे यादव, ‘सभी के जानकारी बा हम बदमास आदमी हई, ओहिसे ओईसन हल्ला फईलवले बाडन । उल्था अन्नपूर्ण






