बिधायक यादव क्रिकेट बिजेता के पुरस्कार देहनी

मेवालाल यादव
रौतहट ५ माघ
मधेश आन्दोलन के शहिदलोग के सम्मान मे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा से आयोजना कईल मैत्रीपूर्ण क्रिकेट प्रतियोगिता मे राष्ट्रसेवक कर्मचारी के टिम विजयी भईल बा ।
अनेकन संचारमाध्यम के प्रतिनिधित्व करेवाला रौतहट के सञ्चारकर्मी आ अनेकन सरकारी कार्यालयसब मे कार्यरत राष्ट्रसेवक कर्मचारी बीच भईल एक दिवसीय मैत्रीपूर्ण क्रिकेट प्रतियोगिता मे संचारकर्मी के टिम के ३५ रन से पराजित करत कर्मचारी के टिम विजेता बनल बा ।
टस हार के पहिले व्याटिङ्ग कईल कर्मचारी के टिम तोकल २० ओभर खेलत आपन सभी विकेट के क्षति मे विपक्षी संचारकर्मी के १ सय ३६ रन के लक्ष्य देहले रहे । १ सय ३६ रन के लक्ष्य पुरा करे खातिर संचारकर्मी के टिम के खेलाडिलोग के कमजोर प्रर्दशन से १ सय १ रन मात्र जोडे सकल बा । सञ्चारकर्मी के ओरी से प्रभावकारी न्युज के प्रकाशक प्रविण टिबडेवाल विपक्षी टिम के ३ महत्वपूर्ण खेलाडि के आउट कईले रहे आ बल्लेबाजी ओरी ५ रन बनाके नटआउट रहल रहे ।
एहितरे कर्मचारी के टिम से कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय के देवेन्द्र अधिकारी समग्र मे उत्कृष्ट प्रर्दशन करके मैन अफ द मैच घोषित भईल बाडन । सहादत दिवस के अवसर मे शहिदलोग के सम्मान मे सकारात्मक परिर्वतन कईला के साथे एकता के सन्देश देवेके मन्साय से मधेश आन्दोलन मे सक्रिय भुमिका निर्वाह करके अभी अमेरीका बसोबास करत आईल युवा विधार्थी नेता प्रकास भाई मधेशीया के आर्थिक सहजोग मे प्रतियोगिता के आयोजना कईल बा ।
प्रतियोगिता आयोजना के सहजिकरण नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा कईले रहे आ कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी मधेश प्रदेश के सभासद राम किशोर यादव रहल रहनी ।






