मन्त्री रेनु यादव के कार्जक्रम मे करिया झण्डा देखावेवाला जनमत पार्टी के ५ कार्यकर्ता पकडईलें

मेवालाल यादव
रौतहट ५ माघ
रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित जनमत पार्टी लगायत के किसानलोग करिया झण्डा सहित बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
जनमत पार्टी वितल तीन हप्ता से किसान के माग पुरा करावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करावत पार्टी नेता कार्यकर्ता आन्दोलित बनत गईल देखल गईल बा ।
किसान के माग पुरा नाहोखे तक संघिय सरकार एवं प्रदेश सरकार के मन्त्रीलोग के मधेश प्रवेश मे निषेध कईल जनमत पार्टी पत्र भी जारी कईले रहे ।
मधेस सहादत दिवस २०७८ के अवसर मे भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री मा.रेनु यादव समाजवादी युवा संघ नेपाल रौतहट के जिल्ला स्तरीय युवा भेला सभा के प्रमुख अतिथि के रुप मे आगमन होखे से पहिले करिया झण्डा लेके बिरोध कईल जनमत पार्टी केन्द्रीय सदस्य ललित मलित सानु बतवनी ।
बिरोध प्रदर्शन गौर बजार स्थित गुप्ता पेट्रोल लगे चौक से बिपि चौक तक करिया झण्डा सहित नारावाजी करत आईल बा । भौतिक पूर्वाधार मन्त्री मुर्दावाद, किसान के माग जाईज ह, किसान के माग पुरा कर, कृषि मन्त्री योगेन्द्र यादव मुर्दावाद जईसन नारा सहित बिरोध प्रदर्शन कईल बा ।
जगहा जगहा मे नारावाजी, टायर बारके प्रदर्शन कईला पर पुलीस आ जनमत पार्टी नेता कार्यकर्ता बीच झडप भईल रहे जउना मे ज्वाला रणविर, साहालम, प्रभु यादव, अशोक सिंह, जोखन जयसवाल सहित पकडाईल केन्द्रिय सदस्य ललित मल्लित सानु बतवनी ।






