डाक्टर पिटल बिरोध मे रौतहट मे प्रदर्शन

रौतहट २२ असाढ,
चिकित्सक उपर पिटपाट कईल घटना के विरोध मे रौतहट के गौर मे प्रदर्शन भईल बा ।
सोसाइटी अफ मेडिकल स्टुडेन्ट नेपाल झापा के विर्तामोडस्थित मेडिका हस्पिटल मे कार्यरत डा. सुधाकर झा उपर भईल पिटपाट के विरोध मे प्रदर्शन कईले बा ।
अस्पताल मे ईलाज करावे आईल मरेजी के आफन्त के मास्क पहिने के आ होहल्ला ना करे खातिर निहोरा कईला पर उलटे डा. झा उपर असाढ ११ गते हाथपात कईले रहलन ।
डा. झा उपर पिटपाट करेवाला आदमीसब उपर कारवाही ना होखे तक आन्दोलन जारी राखेके सोसाइटी के महासचिव निराजन यादव बतवनी ।
नेपाल के अनेकन मेडिकल कलेज मे अध्ययनरत विद्यार्थीलोग के सहभागिता मे सोसाइटी प्रदर्शन कईल यादव के कहनाम बा । चिकित्सक उपर पिटपाट करेवाला उपर कारबाही ना कईला पर देशभर आन्दोलन करेके चेतावनी सोसाइटी देहले बा ।






