वीरगंज राजधानी आ भोजपुरिया प्रदेश बनावे खातिर आन्दोलन के बिगुल फुकाईल

वीरगंज ०५ माघ
मधेश प्रदेश के स्थायी राजधानी जकनपुर तोकल गईला के बाद असन्तुष्ट पर्सा के राजनितिक दललोग के सर्वपक्षिय बईठक आजु वीरगंज मे पुरा भईल बा । अधिवक्ता पानालाल प्रसाद गुप्ता के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से वीरगंज राजधानी आ भोजपुरिया प्रदेश के खातिर संयुक्त रुप मे आन्दोलन करेके निर्णय कईले बा ।
बईठक से वीरगंज राजधानी के खातिर सभी संघ÷संस्था, व्यापारी, बुद्धिजिवी, पत्रकार, चिकित्सक, प्राध्यापक, शिक्षक, कानुन व्यवसायी, इन्जिनियर, विद्यार्थी तथा सभी समाज के अगुवा नेतृत्व के समेटत पर्सा बार एशोसियसन के अध्यक्ष ओमप्रकाश गुप्ता आ अधिवक्ता पानालाल गुप्ता के आन्दोलन सहजिकरण करेके जिम्मेवारी देवेके निर्णय कईल बईठक मे सहभागी लोसपा के नेता मुकेश द्विवेदी जानकारी देहनी ।
साथे बईठक से वीरगंज राजधानी के पक्ष मे मतदान करेवाला सभी प्रदेश सभा सदस्यलोग के धन्यावाद ज्ञापन भी कईले बा । बईठक से वीरगंज राजधानी आ भोजपुरिया प्रदेश के खातिर जारी आन्दोलन के निरन्तरता देवेके भी निर्णय कईल नेता द्विवेदी जानकारी देहनी । बईठक मे वीरगंज के राजधानी बनावे खातिर पर्सा के प्रदेश सांसदलोग से खेलल भुमिका आ ना भईला के कारण के बारे मे समिक्षा भी कईल रहे ।
वीरगंज नगर सभा गृह मे बईठल बईठक मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के अध्यक्ष अजय द्विवेदी, जसपा पर्सा के अध्यक्ष अब्दुल रहिम अन्सारी, प्रदेश सभा सदस्य प्रहलाद गिरी, राजेशवर प्रसाद साह, शंकर चौधरी, करिमा बेग्म, जन्नत अन्सारी, भिमा यादव, रागनी बर्णवाल, रमेश प्रसाद कुर्मी, नेपाली कांग्रेस के वीरगंज महानगर अध्यक्ष भोला कलवार, नेता विजय सर्राफ, एमाले के नेता सुन्दर कुर्मी, शम्भु गुप्ता, लोसपा के नेता मुस्तकिम अन्सारी, उमेशलाल सहनी, ओमप्रकाश सर्राफ, नेकपा एकीकृत समाजवादी के शंकर कुमार कर्ण, जसपा के वीरगंज महानगर अध्यक्ष इशवरचन्द्र यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






