संयुक्त युवा विद्यार्थी संगठनद्धारा विरोध प्रदर्शन

वीरगंज ०६ माघ

मधेश प्रदेश के राजधानी जनकपुरधाम भईला के बाद वीरगंज मे सयुक्त युवा विद्यार्थी संगठन विरोध प्रदर्शन जारी रखले बाडन ।

संगठन के अध्यक्ष मोहमद नेजाम के अध्यक्षता मे वीरगंज के घण्टाघर मे आजु प्रदर्शन कईला के साथे अनेकन नाराबाजी भी कईले बाडन । प्रदर्शन मे सहभागी विद्यार्थी नेतालोग ‘मुख्यमन्त्री मुर्दावाद, विद्यायकलोग मुर्दावाद, वीरगंज के राजधानी कायम कर’ लगायत के नारा लगावत बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।

विद्यायकलोग के उदासिनता के चलते वीरगंज से राजधानी गुमावेके परल बतावत उलोग प्रदेश सभा सदस्यलोग उपर आक्रोश जनवले बाडन । उ अवसर मे नेबिसंघ के सुधीर पटेल, युवा संघ नेपाल के केंद्रीय सदस्य एवम पर्सा इंचार्ज अनिल पटेल, युवा संघ पर्सा के श्रीलाल कुश्वाहा, अनिस पटेल, अनिल कुश्वाहा, लोसपा के सुजीत गिरी, राजू गुप्ता, अखिल के केंद्रीय सदस्य जुबैर आलम, कबीर पटेल, मेराज अंसारी लगायत के सहभागीता रहल रहे । एहितरे शुक के सँझिया मसाल जुलूस आ शनिचर के दिने ठाकुरराम क्याम्पस से जुलुस निकालेके भी जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।