निषेधाज्ञा के चलते वीरगंज मे फुहर उठे ना सकल
वीरगंज ०२ जेठ
पर्सा जिल्ला मे निषेधाज्ञा जारी भईला के चलते वीरगंज महानगर मे दु दिन से फुहर उठे नइखे सकल ।
महानगर क्षेत्र के फुहर व्यवस्थापन होखे ना सकला के बाद संक्रमण फईले के खतरा बढल स्थानीयलोग बतवले बाडन ।
फुहरमैला से आउर संक्रमण फईले सकेके अवस्था के मध्यनगर राख के वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजयकुमार सरावगी जिल्ला प्रशासन कार्यालय, नेपाली सेना लगायत से समन्वय करके फुहर उठावे के व्यवस्थापन मिलावल बतवनी ।
एहितरे पर्सा जिल्ला मे निषेधाज्ञा जारी भईला के चलते विपन्न के राहत बाँटेके कार्जक्रम प्रभावित भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी सम्पर्क मे आवेवाला के राहत देवे सकेके भईला पर भी वार्ड स्तर मे राहत बाँटे के काम रुकल बा ।
अभी तक ३ करोड ५० लाख के खर्च मे ३४ हजार परिवार के राहत बाँटेके भईला पर भी अभी निषेधाज्ञा से वितरण करे ना सकल महानगरपालिका जनवले बा ।
राहत वितरण कार्जक्रम प्रभावित भईला के बाद दैनिक छाक टारेके समस्या मे पडल मजदुर तथा विपन्न परिवार बेसी समस्या मे पडल सिकाईत उलोग कईले बाडन ।