वीरगंज मे कोरोना संक्रमित एक पुरुष के मृत्यु

वीरगंज ०७ माघ
वीरगंजमा कोरोना भाइरस संक्रमण के तिसरका लहर मे पहिलका बेर एक संक्रमित के मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल बारा के महागढी नगरपालिका– ६ के ५० बरीस के पुरुष के बियफे के रात मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज के तराइ हस्पिटल से बियफे के रात साढे ८ बजे रिफर होके आईल उ संक्रमित पुरुष के ईलाज के समय मे रात के पौने १२ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।
डाक्टर सिंह के मुताविक खोकी आ दम के समस्या भईला के बाद उ पुरुष ईलाज के खातिर बियफे के दिन के तराइ हस्पिटल मे भर्ना भईल रहलन । निमोनिया से ग्रस्त उ पुरुष के ईलाज के समय मे तराइ हस्पिटल मे एन्टिजेन परीक्षण कईल कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ संक्रमित पुरुष के रात के साढे ८ बजे नारायणी अस्पताल मे लियाके भर्ना कईल रह । डाक्टर सिंह के मुताविक मृत्यु भईल उ पुरुष कोभिड विरुद्ध के खोप लगवले ना रहलन ।
कोरोना के तिसरका लहर मे वीरगंज मे पहिलका बेर बियफे के रात कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल डाक्टर सिंह बतवनी । एकरा से पहिले बितल असार २७ गते नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका १ के ६० बरीस के संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल रहे । ओकरा बाद एने वीरगंज मे केहु भी संक्रमित के मृत्यु भईल ना रहे । वीरगंज मे कारोना के पहिलका लहर मे ८६ जने के आ दुसरका लहर मे ३४१ जने के मृत्यु भईल रहे ।
नारायणी अस्पताल मे अभी ७ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । कोभिड संयोजक डाक्टर सिंह के मुताविक नारायणी अस्पताल के कोभिड वार्ड मे बियफे के एके दिन ७ जने संक्रमित भर्ना भईल बाडन । उ मेसे एक जने के ईलाज के समय मे बियफे के रात मे मृत्यु भईल बा । अभी अस्पताल मे ईलाज करा रहल ७ जने मेसे १ जने के अक्सिजन के सपोर्ट देके राखल आ आउर ६ जने संक्रमित के अवस्था सामान्य रहल डाक्टर सिंह जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे ८६ के परीक्षण कईला पर ५९ जने मे संक्रमण
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बियफे के सँझिया ८६ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ५९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । परीक्षण कईल मेसे ६८ प्रतिशत मे संक्रमण मिलल प्रयोगशाला के प्रमुख डाक्टर प्रभाकर पाण्डे बतवनी ।
बियफे के सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल ५९ जने मेसे पर्सा जिल्ला के ४३ जने, बारा के ७ जने, रौतहट, महत्तोतरी, काठमाण्डु आ सिन्धुपाल्चोक के १÷१ जने रहल बाडन ।
एकरा से पहिले बितल बुध के दिने भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ९४ जने के पीसीआर परिक्षण कईला पर ५५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । एहितरे बितल मंगर के सँझिया ५३ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ६८ प्रतिशत मे अर्थात ३६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
ओकरा से पहिले एतवार के सँझिया भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ६२ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ६० प्रतिशत मे अर्थात ३७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । बितल शुक के दिने भी नारायणी के प्रयोगशाल मे ६४ जने के परीक्षण कईला पर ६७ प्रतिशत मे अर्थात ४३ जने मे संक्रमण मिलल रहे ।
बितल बियफे के दिने ४७ जने के परीक्षण कईला पर ६५ प्रतिशत मे अर्थात ३१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
बितल पुष २८ गते से बियफे तक अस्पताल मे ५०१ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ३१२ जने मे संक्रमण मिलल प्रयोगशाला प्रमुख डाक्टर पाण्डे जानकारी देहनी । वीरगंज मे पिछिलका एक हप्ता एने संक्रमण दर ६० प्रतिशत से बेसी रहल डाक्टर पाण्डे बतवनी ।






