जसपा रौतहट के जिल्ला सदस्य अधिकारी सहित कैयन नेता नेकपा एस मे प्रवेश

मेवालाल यादव
रौतहट ०८ माघ
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) मे आजु शनिचर के दिने कैयन प्रभावशाली नेतालोग प्रवेश कईले बाडन । जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के जिल्ला समिति सदस्य एवं माधव नारायण नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ के वार्ड प्रत्यासी डाक्टर उमेश अधिकारी सहित के नेतालोग नेकपा(एस) मे प्रवेश कईले बाडन ।
रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित साईमोन रेस्टुरेन्ट के सभाहल मे भईल पार्टी प्रवेश मे कोरोना के तिसरका भेरिएन्ट के नियमपालन करके २५ से कम जने के सहभागिता रहल रहे । रौतहट मे जनता समाजवादी पार्टी के बडका झटका लागल बा । कार्जक्रम प्रमुख अतिथि नेकपा एसका पोलिट ब्युरो सदस्य एवं प्रतिनिधि सभा सदस्य सरला यादव फुल माला अबिर से स्वागत करके पार्टी प्रवेश करवले बाडन ।
कोरोना के मध्यनजर करत नेतालोग नेतृत्व कर रहल १५ बरीस से जासपा मे लागल डाक्टर उमेश अधिकारी नेकपा एस मे प्रवेश कईले बाडन ।
मधेसी जनाधिकार फोरम नेपाल मे रहके आन्दोलन मोर्चा सम्हारल संघिय समाजवादी पार्टी नेपाल होत जनता समाजवादी पार्टी नेपाल मे रहल डाक्टर उमेश अधिकारी जिला के नेतृत्व पंक्ति के क्रियाकलाप ना निमन भईला से तथा राज्य मन्त्रि योगेन्द्र यादव के गलत रबैया के चलते बाध्य होके पार्टी आजु से त्यागी नेकपा एस मे प्रवेश कईल उ बतवनी ।
कार्जक्रम के अध्यक्ष नेकपा एस रौतहट के अध्यक्ष कमल यादव, गौर नगरपालिका के मेयर प्रत्यासी शम्भु साह लगायत नेतालोग के सहभागिता रहल रहे ।






